[the_ad_group id="30365"]

बदल रहल बा गोरखपुर: आठ लेन होई राप्ती पs बनल राजघाट पुल, जल्दीए जारी होइ शासनादेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

राप्ती नदी पs बनल राजघाट पुल अब आठ लेन के होई। सोमवार के सरकार के व्यय वित्त समिति सेतु निगम के प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहलस। एह मामिला में जल्दिए जनादेश जारी होखे के उमेद बा। राजघाट पुल गोरखपुर से लखनऊ आ वाराणसी जाए के रास्ता में राप्ती नदी पs बनल बा।

करीब चार महीना पहिले सेतु निगम एह पुल के आठ लेन बनावे खातिर डीपीआर (डिटेल प्रोजेक्ट रिपोर्ट) सरकार के भेजले रहले। सेतु निगम के डीपीआर में लखनऊ जाए वाली लेन के निर्माण खातीर 192 करोड़ अवुरी गोरखपुर शहर के ओर लेन बनावे खातीर 198 करोड़ रुपया के खर्चा के अनुमान लगावल गईल बा।

पुल के दुनो ओर जमीन अधिग्रहण खातीर 200 करोड़ रुपया के प्रावधान कईल गईल बा। आठ लेन वाला पुल बनावे के योजना खातिर जमीन के अधिग्रहण भी जल्दिए शुरू हो जाई। एकरा संगे लखनऊ अवुरी वाराणसी से गोरखपुर आवे वाला लोग के जाम के समस्या से राहत मिली। नौसड़ से पैडलेगंज ले छह लेन के निर्माण चल रहल बा। एह पुल के निर्माण के बाद नौसड़ से वाराणसी फोरलेन ले आ लखनऊ जाए के राह में यातायात प्रणाली में सुधार कइल जाई।

सेतु निगम के अधिकारी के मुताबिक मौजूदा पुल के समानांतर नाया पुल बनावल जाई। इनकर लंबाई 400 मीटर अवुरी चौड़ाई 8.50-8.50 मीटर होई। राजघाट के पुरान पुल साल 1965 में बनल रहे।

पुल निगम के परियोजना प्रबंधक एके सिंह कहले कि राजघाट पुल के आठ लेन बनावे के प्रस्ताव के सरकार के व्यय वित्त समिति से मंजूरी मिल गईल बा। एकर शासनादेश जल्दिए जारी हो जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]