Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जीएसटी चोरी पकड़ले में गोरखपुर मंडल प्रदेश में अव्वल, 20 मंडल में टीम चलवले रहे अभियान

252

‘वस्तु एवं सेवा कर'(जीएसटी) पकड़ले में गोरखपुर मंडल के टीम प्रदेश में अव्वल रहल बा। दूसरे पर कानपुर अउर तीसरे पर नंबर पs गौतमबुद्ध नगर के टीम रहल। गोरखपुर मंडल के टीम लक्ष्य से छह गुना अधिक टैक्स चोरी पकड़ले बा। कानपुर अउर गौतमबुद्ध नगर मंडल के टीम लक्ष्य के सापेक्ष दू से ढाई गुना अधिक टैक्स चोरी पकड़ल रहे।

जीएसटी गोरखपुर मंडल के 50 लाख रुपया के लक्ष्य मिलल रहे। विभाग 200 व्यापारियन के चिह्नित कs के जांच कइलस। एकरे बाद 166 व्यापारियन के टेक्स चोरी करत पकड़ाइल। एहसे 3.17 करोड़ रुपया टैक्स जमा करववलस।

शासन सबसे अधिक टैक्स देवे वाले राज्य कर विभाग के खास प्राथमिकता में रखल गइल बा। विभाग के सब जोनल, एडिशनल कमिश्नर के काम के चार श्रेणी में बांट के काम कइल गइल। एहमें दिसंबर में वस्तु एवं सेवा कर के गोपनीय जांच दल प्रदेश में अव्वल पर रहल। अधिकारी रणनीति बनाकर टैक्स चोरी के आंकडन के पहिले संकलित कइलें। अभियान में एक साथ छापा मार के चोरी पकड़ल अउर राजस्व के सरकारी कोष में जमा करववलें।
मंडल के एसआईबी (गोपनीय) टीम के दिसंबर में 50 लाख रुपया के लक्ष्य दिहल गइल। एसआईबी जोन प्रथम अउर द्वितीय आयुक्त अपनी टीम के साथ लगातार नजर बनवले रहनें। शासन के तरफ से जीएसटी विभाग के चार लक्ष्य दिहल गइल रहे।
पहिला जीएसटी संग्रह, दूसरा टैक्स चोरी, तीसरा विशेष जांच टीम एसआईबी के कार्रवाई अउर चौथा मंडल में अपंजीकृत व्यापारियन के संख्या के बढ़ल रहे। टैक्स चोरी के साथ बड़ संख्या में अपंजीकृत व्यापारियन के पंजीकरण करवावल गइल।
अपर आयुक्त ग्रेड प्रथम विनय कुमार राय बतवलें कि प्रदेश में दिहल गइल लक्ष्य के सापेक्ष टैक्स चोरी पकड़ले में मंडल के एसआईबी टीम अव्वल रहल बा। दिसंबर में बड़ संख्या में जीएसटी पंजीकरण अउर दूसर मानक जांच कइल गइल रहे।

आंकड़ा

जोन                       टैक्स वसूली                               लक्ष्य
गोरखपुर           317 लाख रुपये (छह गुना)               50 लाख रुपया
गौतमबुद्ध नगर    687.88 लाख रुपये (दो गुना)         तीन करोड़ रुपया
कानपुर द्वितीय    854.44 लाख रुपये (लगभग ढाई गुना) तीन करोड़ रुपया

20 मंडल में टीम चलवले रहे अभियान

आगरा, अलीगढ़, अयोध्या, बरेली, इटावा, गौतमबुद्ध नगर, गाजियाबाद, गोरखपुर, झांसी, कानपुर प्रथम व द्वितीय, लखनऊ प्रथम व द्वितीय, मेरठ, मुरादाबाद, प्रयागराज, सहारनपुर, वाराणसी प्रथम अउर द्वितीय मंडल में अभियान चलावल गइल रहे।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.