[the_ad_group id="30365"]

TRF Ban: सरकार आतंकी संगठन TRF पs लगवलस प्रतिबंध, लश्कर कमांडर अबु खुबैब आ शेख सज्जाद गुल आतंकवादी घोषित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत सरकार आतंकवादी समूह द रेजिस्टेंस फ्रंट (TRF) पs प्रतिबंध लगा देले बा। टीआरएफ पाकिस्तान आधारित प्रतिबंधित आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैयबा के मुखौटा समूह हs। ई जम्मू-कश्मीर में कइयन गो लक्षित हत्या में सामिल रहल बा। गृह मंत्रालय बियफे के टीआरएफ पs प्रतिबंध लगावे के अधिसूचना जारी कइलस। संगही गृह मंत्रालय TRF के कमांडर शेख सज्जाद गुल के गैरकानूनी गतिविधि (रोकथाम) अधिनियम 1967 के तहत आतंकवादी घोषित कइले बा।

केंद्रीय गृह मंत्रालय के अधिसूचना के मोताबिक, टीआरएफ आतंकवादी गतिविधियन के आगे बढ़ावे, आतंकियन के भर्ती, आतंकियन के घुसपैठ आ पाकिस्तान से जम्मू-कश्मीर में हथियारन आ नशीला पदार्थन के तस्करी खातिर ऑनलाइन माध्यम से नवहन के भर्ती कर रहल बा।

साभार: अमर उजाला

बता दीं, टीआरएफ 2019 में प्रतिबंधित लश्कर-ए-तैयबा के प्रॉक्सी संगठन के रूप में अस्तित्व में आइल। लश्कर-ए-तैयबा 26/11 के मुंबई आतंकी हमलन सहित कइयन गो आतंकी गतिविधियों में सामिल रहल बा। टीआरएफ भारत सरकार के खिलाफ जम्मू-कश्मीर के नवहन के उकसावे खातिर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल कर रहल बा आ ओह लोगन के आतंकवादी संगठनन में सामिल होखे खातिर दुष्प्रचार के सहारा ले रहल बा। टीआरएफ के विध्वंसक गतिविधियन के देखत गृह मंत्रालय समूह के प्रतिबंधित संगठन घोषित कइल गइल।

गृह मंत्रालय कहलस कि शेख सज्जाद गुल द रेजिस्टेंस फ्रंट के कमांडर हs आ ओकरा के गतिविधि रोकथाम अधिनियम 1967 के तहत आतंकवादी के रूप में नामित कइल गइल बा। टीआरएफ के गतिविधियन के भारत के राष्ट्रीय सुरक्षा आ संप्रभुता खातिर हानिकारक बा। द रेजिस्टेंस फ्रंट के आतंकियन आ सहयोगियन के खिलाफ बड़ संख्या में ममिला दर्ज कइल गइल बा।

एकरा अलावे लश्कर कमांडर मोहम्मद अमीन उर्फ अबु खुबैब के आतंकवादी घोषित कइल गइल। सरकारी अधिसूचना के मोताबिक, अबु खुबैब जम्मू-कश्मीर के रहे वाला बा, बाकिर वर्तमान में ऊ पाकिस्तान में रह रहल बा। खुबैब लश्कर-ए-तैयबा के लॉन्चिंग कमांडर के रूप में काम कर रहल बा ओकर पाकिस्तान के एजेंसियों के संगे गहिराह संबंध बा। ऊ जम्मू क्षेत्र में लश्कर के आतंकवादी गतिविधियन के पुनर्जीवित करे आ तेज करे में महत्वपूर्ण भूमिका निभा रहल बा। खुबैब सीमा पार से जम्मू-कश्मीर में आतंकवादी हमला, हथियार, गोला-बारूद आ विस्फोटकन के सप्लाई आउर आतंकवाद के वित्तपोषण में सामिल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]