[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: दुष्कर्म आरोपी के मदद करे वाले दरोगा के होई विभागीय जांच, SSP कइले बानें सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में दुष्कर्म पीड़ित महिला के मदद के जगह आरोपी के बचावे खातिर दू गवाह मांगे के आरोपी दरोगा संतोष यादव के खिलाफ विभागीय जांच भी होई। एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर ऑडियो सुनलेके बाद दरोगा के निलंबित कs के विभागीय जांच के आदेश दिहले बानें। जांच सीओ कैंट के सौंपल गइल बा। खबर बा कि पुलिस ऑडियो के भी प्रयोगशाला में जांच कराई कि उ सही बा कि नाइ।

जानकारी के मुताबिक, कुशीनगर निवासी महिला गोरखपुर में किराया के मकान में रहेली। पति बाहर रहsला। आरोप बा कि पड़ोसी बुढ़िया माई मंदिर से लिफ्ट देहले के बहाने गाड़ी पर बैठा लिहलस अउर फिर रास्ता में अपने साले के साथ मिल के दुष्कर्म कइलें। पहिले त महिला केस दर्ज नाइ करवली, लेकिन ऊ में वह थाने आई।

पुलिस केस दर्ज क के जांच शुरू कइलें। एही बीच विवेचक दरोगा संतोष यादव के एगो ऑडियो आरोपी से बातचीत के सामने आ गइल। पीड़िता खुद ऑडियो लेकर एसएसपी के पास पहुंचली अउर सुनवली।

ऑडियो सुनले के बाद एसएसपी शनिचर के दरोगा संतोष यादव के सस्पेंड क के विभागीय जांच के आदेश दे दिहले बानें। एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें कि दरोगा के निलंबित क के विभागीय जांच के आदेश दिहल गइल बा। जांच के आधार पर आगे के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]