गोरखपुर जोन में बिजली निगम के भइल 50 करोड़ रुपिया से जादे के नुकसान, आज से सुरू होई बिल जमा करे के काम

Anurag Ranjan

बिजली निगम के अभियंता आ कर्मचाररी लोगन के हड़ताल खतम होखला के बाद अतवार के देर रात जिला में बिजली आपूर्ति सामान्य हो गइल। 15 मार्च से कार्य बहिष्कार आ 16 मार्च के रात 10 बजे से सुरू भइल हड़ताल के कारण गोरखपुर जोन में बिजली बेवस्था बुरा तरे प्रभावित भइल रहे। बिजली निगम के 50 करोड़ रुपिया के राजस्व के नुकसान भइल रहे। अब सोमार माने आज से कामकाज सामान्य हो जाई। सब बिजली काउंटर खुली आ रुपिया जमा होई। अभियंता लोग अब राजस्व वसूली तेज करे के निर्णय लिहल गइल बा।

महानगर क्षेत्र में हड़ताल के सबसे जादे असर पादरी बाजार के उपभोक्ता लोगन पs पड़ल। सुक के परेशान रहल उपभोक्ता लोगन के कुछ घंटे बिजली मिलले रहे कि सनीचर के दुपहरिया बाद 3:30 बजे फेर बिजली गुल हो गइल। हड़ताल खतम होखला के तकरीबन दु घंटा बाद सांझ पांच बजे बिजली मिलल।एकरा अलावे सबसे जादे प्रभावित दक्षिणांचल रहल। धुरियापार, रानीपुर, हरपुर समेत कइयन उपकेंद्र बियफही बंद रहे। अतवार के बिजली आइल तs ग्रामीण लोग राहत के सांस लिहल।

केहू फायदा उठवलस तs केहू देलस सहूलियत

झुंगिया समेत कइयन इलाकन में जेनरेटर संचालक बिजली ना होखला के फायदा उठवलस। घर-घर जेनरेटर लेके पहुंचल संचालक लोग एक घंटा के पांच सौ रुपिया लेके बिजली देलस। लोग जेनरेटर के सहायता से पानी भरलस आ इन्वर्टर चार्ज कइल। कइयन इलाकन में 10 से 20 रुपिया लेके मोबाइल फोन चार्ज करावल गइल। नया बाजार में पेट्रोल पंप संचालक राकेश त्रिपाठी ग्रामीण लोगन के परेसानी देखत निश्शुल्क मोबाइल चार्ज करे के सुविधा देलें।

हड़ताल खतम होखला के सूचना पs झूम उठल लो अभियंता-कर्मचारी

अतवार के दुपहरिया बाद तीन बजे जइसही हड़ताल खतम होखे के सूचना मिलल, मोहद्दीपुर में मुख्य अभियंता के कार्यालय के सामने धरना दे रहल अभियंता आ कर्मचारी झूम उठल लो। सब केहू एक-दूसरा के बधाई दिहल आ बिजली सुरू करावे खातिर क्षेत्र में पहुंचे के निर्णय लिहल लो। विद्युत कर्मचारी संयुक्त संघर्ष समिति के संयोजक ऐश्वर्य सिंह कहलें कि सब केहू पहिले के तरह अपना दायित्वन के निर्वहन कर रहल बा। एह दौरान सोमदत्त शर्मा, मुदित तिवारी, नवनीत प्रजापति, अतुल रघुवंशी, वीके चौधरी, अविनाश गौतम, शिवम चौधरी, बृजेश त्रिपाठी, प्रमोद यादव, नवनीत पटेल, विजय सिंह, अखिलेश गुप्ता आदि मवजूद रहल लो।

बिजली आइल तs पानी भरे में जुटल लोग

ग्रामीण क्षेत्रन में अतवार के बिजली आइल तs सब केहू सबसे पहिले पानी भरे में जुट गइल। ग्रामीण लोगन के कहनाम रहे कि बिजली फेर कब गुल हो जाई, कहल नइखे जा सकत। ऊ तs गनीमत रहल कि मौसम ठीक हो गइल, ना तs जदि गर्मी जादे होखित तs बहुते समस्या हो जाइत। मोबाइल फोन चार्ज करे खातिर लोग परेसान रहल।

कर्मचारियन के गुमराह कइल गइल, हड़ताल असफल

पहिले हड़ताल में सामिल होखे आ बाद में काम पs लवटे के घोषणा करे वाला विद्युत मजदूर संगठन विद्युत कर्मचारी संयुक्त संघर्ष समिति के हड़ताल के असफल बतवाल। जिलाध्यक्ष अजय कुमार शाही कहलें कि समिति कर्मचारियन के गुमराह कs के हड़ताल में सामिल करवलें। 14 मांगन खातिर 65 घंटा हड़ताल, दु दिन कार्य बहिष्कार आ मशाल जुलूस निकलला के बादो ना तs संविदाकर्मियन के वेतन वृद्धि आ ना आउर मांगन पs कवनो नतीजा निकलल। पूरा समिति आपन दायित्वन के निर्वहन करे में फेल रहल।

साभार: दैनिक जागरण

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।