[the_ad_group id="30365"]

UP Electricity Workers Strike: ऊर्जा मंत्री एके शर्मा से वार्ता के बाद बिजली कर्मचारी लोग वापस लिहल हड़ताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में 72 घंटा के सांकेत‍िक हड़ताल के ऊर्जा मंत्री अरविंद कुमार शर्मा से वार्ता के बाद बिजली कर्मचारी लोग हड़ताल वापस लेले रहे। ऊर्जा मंत्री एके शर्मा से वार्ता के बाद विद्युत कर्मचारी संयुक्त संघर्ष मोर्चा के संयोजक शैलेंद्र दुबे आंदोलन वापस लेवे के घोषणा कइलें।

शैलेंद्र दुबे बतवलें कि वार्ता के दौरान ऊर्जा मंत्री संघर्ष समिति के संगे पिछला साल दिसंबर में भइल समझौता के लागू करावे के आश्वासन देले बाड़ें। संगही, आंदोलन के दौरान बिजली कर्मियन के खिलाफ बर्खास्तगी, गिरफ्तारी आ मुकदमा दर्ज करावे के कार्रवाई के वापस लेवे के आश्वासनो देले बाड़ें।

बता दीं क‍ि हड़ताल से प्रदेशभर में बिजली आपूर्ति बेवस्था लड़खड़इला पs सरकार हड़ताली बिजली कर्मियन के विरुद्ध सनीचर के कड़ा कार्रवाई कइलें रहे। कइयन दौर के वार्ता विफल होखला के बाद सरकार हाई कोर्ट के आदेसन के क्रम में असंवैधानिक हड़ताल के अगुवाई कर रहल विद्युत कर्मचारी संयुक्त संघर्ष समिति में सामिल 22 नेता लोगन के विरुद्ध एस्मा (आवश्यक सेवा के अनुरक्षण अधिनियम) के तहत मुकदमा दर्ज कs के ओह लोगन के गिरफ्तारी के निरदेस देलस। छव नेता लोगन के निलंबित कइला के संगही ओह लोगन के लखनऊ के बाहर भेजे के आदेस दिहल गइल रहे।

आजमगढ़ आ देवरिया समेत कुछ आउर जगहन पs बिजली आपूर्ति के बाधित करे वाला 29 लोगन के खिलाफ एफआइआर दर्ज कइल गइल रहे। एकरा अलावे हड़ताल पs गइल 1332 संविदा आ आउटसोर्सिंग कर्मियन के सेवा समाप्त कs दिहल गइल रहे। सांझ छव बजे तक दिहल गइल मोहलत में काम पs ना लवटे वाला आउर कर्मियन के सेवा समाप्त करे के बात कहल गइल रहे।

बिजली कर्मियन के 16 मार्च रात 10 बजे से सुरू भइल हड़ताल से राज्य के लड़खड़ाईल बिजली आपूर्ति बेवस्था के गंभीरता से लेत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सनीचर के ऊर्जा मंत्री एके शर्मा के संगही विभागीय वरिष्ठ अधिकारियन के संगे थ बैठक की थी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]