Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Renewable Energy: भारत के नवीकरणीय ऊर्जा क्षमता 168.96 गीगावाट पहुंचल, NPS लाभार्थियन के संख्या 5.67 लाख

राज्यसभा में एगो सवाल के जवाब देत बिजली मंत्री आरके सिंह कहलें कि कुल स्थापित ऊर्जा क्षमता में से 64.38 गीगावाट सोलर ऊर्जा क्षमता 51.79 गीगावाट हाइड्रो 42.02 गीगावाट विंड आ 10.77 गीगावाट बायो ऊर्जा सामिल बा।

1,894

फरवरी 2023 के अंत तक भारत के कुल स्थापित नवीकरणीय ऊर्जा क्षमता 168.96 गीगावाट के स्तर तक पहुंच गइल बा। राज्यसभा में एगो सवाल के जवाब देत बिजली मंत्री आरके सिंह कहलें कि कुल स्थापित ऊर्जा क्षमता में से 64.38 गीगावाट सोलर ऊर्जा क्षमता, 51.79 गीगावाट हाइड्रो, 42.02 गीगावाट विंड आ 10.77 गीगावाट बायो ऊर्जा सामिल बा।

एगो सवाल के लिखित जवाब देत आरके सिंह बतवलें कि 82.62 गीगावाट ऊर्जा क्षमता स्थापना के अलग-अलग चरणन में बा आ 40.98 गीगावाट ऊर्जा टेंडर के अलग-अलग चरणन में बा। कुल नवीकरणीय ऊर्जा स्त्रोतन से जनवरी, 2023 तक 3,16,754.86 मिलियन यूनिट बिजली के उत्पादन कइल गइल।

केंद्रीय मंत्री के मोताबिक, एह साल 28 फरवरी तक देस के कुल बिजली उत्पादन क्षमता 412.21 गीगावाट रहे। सरकार के लक्ष्य 2030 तक गैर जीवाश्म स्रोतन से 500 गीगावाट स्थापित बिजली क्षमता हासिल कइल बा।

एनपीएस के तहत लाभार्थियन के संख्या 5.67 लाख

वित्त राज्यमंत्री भागवत किशनराव कराड पेंशन फंड नियामक आ विकास प्राधिकरण (पीएफआरडीए) के आंकड़न के हवाला देत संसद में बतवलें कि राष्ट्रीय पेंशन प्रणाली (एनपीएस) के तहत लाभार्थियन के संख्या 5,67,116 बा आ एह लोगन के आयु 60 साल से जादे बा।

बता दीं कि कइयन गो गैर भाजपा शासित राज्य (पंजाब, राजस्थान, छत्तीसगढ़, हिमाचल प्रदेश आ झारखंड) पुरनका पेंशन के बहाली के एलान कs चुकल बा लो आ पेंशन फंड में जमा कर्मचारियन के हिस्सन के लवटावे के मांग कर रहल बा। पुरान पेंशन योजना के तहत सरकारी कर्मचारी सेवानिवृत्ति के बाद मासिक पेंशन पावे के हकदार होला लो। मासिक पेंशन आमतौर पs व्यक्ति के अंतिम आहरित वेतन के आधा होला। नई पेंशन योजना के तहत कर्मचारी अपना वेतन के एगो हिस्सा पेंशन फंड में जमा करेला।

भारत 29 प्रतिशत जलविद्युत क्षमता के दोहन कइलस 

ऊर्जा मंत्री आरके सिंह मंगर के संसद में बतवलें कि भारत अब तक अपना 29 प्रतिशत जलविद्युत क्षमता के दोहन कइले बा। हालांकि, अमेरिका आ यूरोप क्रमश: 80 प्रतिशत आ 70 प्रतिशत जलविद्युत क्षमता के दोहन कs चुकल बा। ऊ बतवलें कि 1978-1987 के दौरान केंद्रीय विद्युत प्राधिकरण (सीईए) द्वारा कइल गइल पुनर्मूल्यांकन अध्ययन के मोताबिक, देस में अनुमानित जलविद्युत क्षमता लगभग 1,45,320 मेगावाट (25 मेगावाट से बेसी क्षमता वाला परियोजनन खातिर) बा।

आरके सिंह कहलें कि 1,45,320 मेगावाट में से 42,104.6 मेगावाट (29 प्रतिशत) जलविद्युत क्षमता के विकास कइल जा चुकल बा आ 15,023.5 मेगावाट (10.3 प्रतिशत) जलविद्युत क्षमता निर्माणाधीन अवस्था में बा। एगो आउर सवाल के उत्तर में आरके सिंह बतवलें कि 14 मार्च, 2023 तक, देस में थर्मल पावर प्लांट में कुल कोयला के स्टॉक 33.3 मिलियन टन रहे जवन सामान्य स्टाक के खाली 49 प्रतिशत बा।

बाजरा के उत्पादन आ खरीद के प्रोत्साहित करे सरकार

उपभोक्ता ममिलन, खाद्य आ सार्वजनिक वितरण पs गठित संसद के एगो समिति कहलें बिया कि सरकार के राजस्थान, मध्यप्रदेश आ छत्तीसगढ़ सहित सब राज्यन में बाजारा के उत्पादन आ खरीद के प्रोत्साहित करे के चाहीं। समिति कहले बिया कि बाजार उगावे के विकल्प चुने वाला किसानन के हरसंभव मदद प्रदान करे के चाहीं। बाजरा के खपत के प्रोत्साहित करे खातिर अलग-अलग योजनन के लाभार्थियन के गेहूं आ चाउर के संगे बाजरा के लेवे के विकल्प देवे के चाहीं।

487320cookie-checkRenewable Energy: भारत के नवीकरणीय ऊर्जा क्षमता 168.96 गीगावाट पहुंचल, NPS लाभार्थियन के संख्या 5.67 लाख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.