Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: 6,690 घर पर लागल सीसीटीवी कैमरा, एसे पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी

374

गोरखपुर जिला में हर घर कैमरा अभियान के तहत 6,690 घर के बाहर कैमरा लगा लिहल गइल बा। एकरे सथही त्रिनेत्र के एगो एप भी बना लिहल गइल बा। कैमरा के मैपिंग भी करा दीहल गइल बा, ताकि पता चल सके कि कौन इलाका कैमरा से कवर हो गइल बा अउर कौने इलाका में जरूरत बा। दूसर बात ई बा कि एकरे मदद से इहो पता चली कि अगर कौनो घटना भइल बा त ओ इलाका में केतना घर पर कैमरा लागल बा।

एडीजी अखिल कुमार अभियान में रुचि लेवे वाले पुलिसकर्मियन के सराहना कइलें त उहवें रुचि न लेवे वालन के चेतावनी चिट्ठी जारी कs कइल गइल बा। जानकारी के मुताबिक, अभियान में कोतवाली नंबर एक पर बा।

कोतवाली पुलिस 439 घर में कैमरा लगववले में सफलता पवले बा त उहवें सबसे निचले पावदान पर बेलीपार पुलिस बा। इहां पर महज 32 कैमरा लागल बा। हालांकि, ई देहात इलाका ह, एह वजह से कैमरा लगवावे में दिक्कत भी सोझे आ रहल बा। पुलिस ओ लोग से मदद मंगलस त लोग आगे बढ़ के कैमरा के महत्व समझ के ओके लगवलें लोग।

एह थाना क्षेत्र के एतना घर में लागल बा कैमरा

कोतवाली में 439, कैंट में 432, गुलरिहा में 431, गीडा में 416, शाहपुर में 390, रामगढ़ताल में 382, चिलुआताल में 399, बड़हलगंज में 325, पीपीगंज में 309, गोला में 300, सिकरीगंज में 296, कैंपियरगंज में 266, राजघाट में 231, झंगहा में 277, सहजनवां में 220, गोरखनाथ में 222, खोराबार में 203, चौरीचौरा में 199, तिवारीपुर में 188, बांसगांव में 184, पिपराइच में 150, उरुवा बाजार में 142, बेलघाट में 115, खजनी में 105, गगहा में 77, हरपुर बुदहट में 70 अउर बेलीपार में 32 घर में कैमरा लागल बा।

एक दिन में लगवा दिहल गइल 300 से ढ़ेर कैमरा

शाहपुर इलाजा में दू दिन पहिले 50 से भी कम कैमरा लागल बा। पुलिस के सुस्त चाल पर एडीजी अखिल कुमार नाराजगी जतवलें त हरकत में आइल पुलिस एक दिन में ही 300 से बेसी कैमरा लगवा दिहल। एडीजी बतवलें कि हर पुलिसकर्मी के मॉनिटरिंग कइल जा रहल बा।

420000cookie-checkगोरखपुर: 6,690 घर पर लागल सीसीटीवी कैमरा, एसे पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.