Gorakhpur News: बास्केटबॉल खिलाड़ी के कमरा में मिलल शव, फंदा से झूलत रहे- किराया के कमरा में रहत रहे

Share

गाेरखपुर। गुलरिहा इलाका के संगम चौराहा इस्थित शिवपुर सहबाजगंज में किराया के कमरा में रह रहल कुशीनगर के बास्केटबॉल खिलाड़ी आर्दश के शव अतवार के कमरा के भीतर फंदा से झूलत मिलल। आशंका जतावल जा रहल बा कि आदर्श फांसी लगाके खुदकुशी कs लेलस। सूचना पs पहुंचल शाहपुर पुलिस घटनास्थल देखके गुलरिहा पुलिस के सूचना देलस।

गुलरिहा पुलिस आ फॉरेंसिक टीम पहुंचके जांच पड़ताल कइला के बाद शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। पहिला नजर में प्रेम प्रसंग आ ऑनलाइन गेम के वजह से खुदकुशी करे के बात सामने आ रहल बा। हालांकि, पुलिस जांच के बादे सही बात सामने आ पाई।

जानकारी के मोताबिक, कुशीनगर जनपद के हाटा इस्थित सिक्टा निवासी आदर्श सिंह (18) पुत्र सीताराम अपना बहिन निधि सिंह के संगे संगम चौराहा इस्थित शिवपुर सहबाजगंज निवासी नीलम श्रीवास्तव के मकान में तीसरका मंजिल पs किराया पs रहत रहे। ओकर बहिन फातिमा अस्पताल में नर्सिंग के पढ़ाई करेली।

जबकि, आदर्श एमपी इंटर कॉलेज में इंटर के पढ़ाई के संगे रेलवे स्टेशन इस्थित रिजिनल स्पोर्ट्स स्टेडियम में बास्केटबॉल के प्रैक्टिसो करेनी। आदर्श के बहन निधि पुलिस के बतवलस कि उ दुनो रात 9:30 बजे खाना खइला के बाद अलग-अलग कमरा में सुते चल गइली।

रात 11 बजे करीब नींद खुलल तs ओकर कमरा में जाके देखली तs आदर्श मोबाइल में गेम खेलत रहली। उनका सुते के बात कs के अपना कमरा में सुते चल गइल। सोमार के सबेरे नीन खुलल तs भाई के शव चद्दर के सहारे फंदा से लटकत रहे। रोवत-रोवत मकान मालिक आ अपना परिजनन के सूचना दिहल।

Read Also: Lakshya Sen: सुप्रीम से बैडमिंटन खिलाड़ी लक्ष्य सेन के राहत, फर्जी जन्म प्रमाणपत्र ममिला में FIR रद्द

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-