[the_ad_group id="30365"]

UP News: बदायूं में भाजपा नेता के निर्मम हत्या, ईंट से कुचलल गइल सिर, शव के हालत देख सन्न रह गइल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बदायूं : बिनावर थाना क्षेत्र के गांव विजलनगला में भाजपा मंडल उपाध्यक्ष के निर्मम हत्या कइल गइल। उ मंगर रात अपना बेटा के जगह ओवरहेड टैंक के रखवाली करे गइल रहस।

बुध के सबेरे भाजपा नेता के शव ओवरहेड टैंक परिसर के गेट पs पड़ल मिलल। उनकर माथा ईंटा से कुचलल गइल बा। शव के हालत देखके लोग सन्न रह गइल। सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल।

फॉरेंसिक टीम घटनास्थल से साक्ष्य संकलित कइलस। शव के पोस्टमार्टम खातिर भिजवावल गइल बा। हत्या के वजह साफ नइखे हो सकल।

गांव विजयनगला निवासी सुरेश चंद्र गुप्ता (58 वर्ष) भाजपा मंडल उपाध्यक्ष के संगही किसान यूनियन के नेता रहस। उनकर दु बेटा राहुल आ निर्दोष बा लो। राहुल गांव के ओवरहेड टैंक पs चौकीदार हs।

मंगर के राहुल एगो रिश्तेदारी में गइल रहे। उ अपना पिता सुरेश चंद्र गुप्ता के ओवरहेड टैंक पs जाये खातिर कह गइल रहे।

धारदार हथियार से कइल गइल वार

परिजनन के मोताबिक भाजपा मंडल अध्यक्ष रात नव बजे खाना खइला के बाद ओवरहेड टैंक परिसर में सुते खातिर चल गइल रहली। देर रात केहू उनका ईंटा से माथा पs कुचके हत्या कs देलस। उनका देह पs धारदार हथियार से वार कइल गइल बा।

बुध के सबेरे सात बजे टहले निकलल लोग ओवरहेड टैंक परिसर के गेट पs उनकर खून से सनल लास पड़ल देखल। घटनास्थल पs खून से सनल ईंटा के टुकड़ा मिलल बा।

सूचना मिलतही इंस्पेक्टर अशोक कुमार कंबोज पुलिस टीम के संगे मवका पs पहुंचलें। एकरा बाद फॉरेंसिक टीम बुलावल गइल। फॉरेंसिक टीम घटनास्थल से साक्ष्य संकलित कइले बिया। परिजनन के पूछताछ में हत्या के पीछे के कारण साफ नइखे हो सकल। पुलिस हत्याकांड के जांच में जुट गइल बिया।

बिनावर इंस्पेक्टर अशोक कुमार कंबोज बतवलें कि भाजपा नेता के हत्या भइल बा। जांच कइल जा रहल बा। तहरीर के आधार पs मुकदमा दर्ज कs के हत्यारोपियन के गिरफ्तार कइल जाई।

Read Also: CENSUS IN UP : जे जहां पs रह रहल बा, उ उहवें गिनल जाई, 1 फरवरी 2027 से 28 फरवरी के अवधि में होई गिनती

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]