[the_ad_group id="30365"]

UP Encounter : हापुड़ में कुख्यात अपराधी डब्लू यादव ढेर, बिहार पुलिस घोषित कइले रहे 50 हजार के इनाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हापुड़। सिंभावली पुलिस, नोएडा एसटीएफ आ बिहार एसटीएफ अतवार के रात साझा ऑपरेशन में 50 हजार के इनामी बदमाश डब्लू यादव उर्फ सूरज यादव के मुठभेड़ में ढेर कs दिहल गइल। बदमाश के पास से पुलिस एगो बाइक, कार्बाइन आ तमंचा बरामद कइले बिया। बदमाश के खिलाफ करीब दु दर्जन से जादे संगीन धारा में मुकदमा दर्ज बा। उ पिछला बहुत समय से फरार चलत रहे। अलग-अलग जनपदन के पुलिस ओकर तलाश करत रहे।

एसटीएफ टीम देलस सूचना

सीओ वरुण मिश्रा बतवलें कि अतवार के दिन रात के सिंभावली पुलिस क्षेत्र में गस्त करत रहे। एही दौरान यूपी नोएडा के एसटीएफ आ बिहार के एसटीएफ टीम द्वारा थाना पs आके सूचना दिहल गइल कि बिहार के जनपद बेगूसराय के थाना साहेबपुर कमाल के गांव ज्ञानडोल निवासी डब्लू यादव पुत्र सूर्य नारायण यादव उर्फ सूरज यादव क्षेत्र में कवनो आपराधिक घटना के अंजाम देवे खातिर घूम रहल बा। ओकरा पs 50 हजार के इनाम घोषित रहे।

वाहनन के चेकिंग सुरू कइल गई

टीम के ओर से दिहल गइल सूचना पs पुलिस बक्सर मध्य गंगा नहर पटरी पs वाहनन के चेकिंग सुरू कs दिहल। एही दौरान सामने से बाइक पs आइल संदिग्ध के पुलिस रोके के इशारा कइलस तs आरोपी पुलिस पs फायरिंग कs देलस। फायरिंग में पुलिस आपन बचाव कइलस तs आरोपी बाइक के छोड़के जंगल के ओर भागे लागल। पुलिस पीछा करत ओकरा के रोके के इशारा कइलस तs उ दोबारा फायरिंग कs देलस, जेमे थाना प्रभारी सुमित कुमार बाल-बाल बच गइलें।

अस्पताल में मौत

पुलिस के जवाबी फायरिंग में गोली बदमाश डब्लू यादव के लाग गइल, जवना से उ घायल हो गइल। घायल के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र उपचार खातिर भेजल गइल, जहां ओकरा के चिकित्सक द्वारा मृत घोषित कs दिहल गइल। मुठभेड़ के सूचना उच्च अधिकारियन के दिहल गइल, जवना के बाद उच्च अधिकारी घटनास्थल के निरीक्षण कइलस। ओहिजा, मृतक के परिजनन के घटना के संबंध में जानकारी दिहल। सीओ बतवलें कि मुठभेड़ में मारल गइल बदमाश शातिर अपराधी रहलें, जवना के खिलाफ करीब दु दर्जन से जादे लूट रंगदारी सहित आउर संगीन धारा में अभियोग पंजीकृत रहे। आरोपी के एसटीएफ टीम द्वारा पिछला बहुत समय से तलाश कइल जा रहल बा।

हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा के प्रखंड अध्यक्ष के हत्या कइले रहस

नोएडा एसटीएफ के अधिकारियन के अनुसार मृतक बदमाश हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा के प्रखंड अध्यक्ष विकास कुमार उर्फ राकेश कदम के अपहरण कs के उनकर हत्या कs देले रहे। विकास कुमार के शव के जमीन में गाड़ दिहल गइल रहे। एकरा अलावा ओकरा द्वारा बरिस 2017 में अपना विरुद्ध गवाही देवे वाला महेंद्र यादव के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। पुलिस आरोपी के लगे से एगो कार्बाइन, एगो पिस्टल, एगो तमंचा आ भारी मात्रा में कारतूस बरामद कइल गइल बा।

Read Also: 28 जुलाई 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]