[the_ad_group id="30365"]

दायित्व निभवले में लापरवाही कइले पs गोरखपुर के अपर नगर आयुक्त मृत्युंजय अउर अधिशासी अभियंता अतुल पांडेय सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश सरकार गोरखपुर नगर निगम के अपर नगर आयुक्त मृत्युंजय अउर अधिशासी अभियंता (सिविल) अतुल कुमार पांडेय के सस्पेंड कs दिहल गइल बा। अपर नगर आयुक्त के खिलाफ ई कार्रवाई दायित्व के निर्वहन लापरवाही अउर निगम के कार्य में रुचि न लेहले के अलावा बिना सूचना के अकसर कार्यालय के गायब रहले के आरोप में कइल गइल बा। मृत्युंजय के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाईयो कइले के निर्देश दिहल गइल बा।

प्रमुख सचिव नगर विकास अमृत अभिजात बुध के निलंबन आदेश जारी कइलें। निलंबित दूनों अधिकारियन के निदेशक स्थानीय कार्यालय लखनऊ से संबद्ध करत आरोप के जांच खातिर गोरखपुर के अपर आयुक्त प्रशासन के जांच अधिकारी नामित कइल गइल बा।

उहवें, सूत्रन के कहनाम बा कि निलंबित अपर नगर आयुक्त के खिलाफ कई अउरियो गंभीर शिकायत शासन के मिलल बा। जबकि अधिशासी अभियंता अतुल के खिलाफ अनुशासनहीनता, लापरवाही अउर नगर आयुक्त के नोटिस के जवाब न देहले के आरोप में निलंबित कइल गइल बा। विभागीय स्तर पर प्रारंभिक जांच में एह आरोपन के पुष्टि होखले पर शासन उनके निलंबित कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]