Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखनाथ में आतंकी घुसले के सूचना से मचल हड़कंप, सीएम योगी आदित्यनाथ मंदिर में रहनें मौजूद

161

सीएम योगी आदित्यनाथ के गोरखनाथ मंदिर में होखले के दौरान अतवार दूपहर 12.30 बजे मंदिर परिसर में आतंकी घुसले के सूचना से हड़कंप मच गइल। पुलिस कंट्रोल रूम नंबर 112 पर कॉल अइतहीं डीएम कृष्णा करुणेश, एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर फोर्स के संगे गोरखनाथ मंदिर पहुंचकर जांच पड़ताल करे लगनें।

ओंने, एसओजी, सर्विलांस टीम नंबर के आधार पर जांच पड़ताल में जुट गइल। देर साँझ एसओजी आरोपी के गिरफ्तार कर कैंट पुलिस के सौंप दिहलें। पुलिस आरोपी से पूछताछ कर रहल बानें। शुरुआती जांच में सोझे आइल बा कि आरोपी सिरफिरा बा अउर पुलिस के परेशान करे खातिर सूचना दिहले रहनें।

पकडल गइल आरोपी के पहचान बिहार के वैशाली निवासी कुर्बान अली के रूप में भइल बा। ऊ गोरखनाथ इलाका के इंड्रस्ट्रियल एरिया में किराया के मकान में रह के बेकरी के दुकान पर काम करेने।

जानकारी के मुताबिक, कुर्बान अली अतवार के दुकान मालिक के संगे घूमे निकलल रहनें। एह दौरान ऊ पुलिस के डॉयल 112 पर सूचना दीहलें कि चार बदमाश करिया कपड़ा पहिनले गोरखनाथ मंदिर में बम लेकर दाखिल हो गइल बानें। इहो बतवलें कि टिफिन में केक के बीच में बम रखल गइल बा अउर मुख्य द्वार के चेकिंग पर पकड़ल नइखे गइल।

चारों बदमाशन के ऊ खुद देखे के बात कहत पुलिस के होश उड़ा दिहलें। ई सूचना अइतही पुलिस महकमा में हड़कंप मच गइल। डीएम एसएसपी समेत सब आला अफसर मौका पर पहुंच गइलें। पुलिस छानबीन कइलस त आरोपी कुर्बान अली के दबोच लिहल गइल।

एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर कहनें कि पुलिस के मंदिर में बम होखे के सूचना मिलल रहे। आरोपी के गिरफ्तार कर मामिला के जांच कइल जा रहल बा। शुरुआती जांच में आरोपी सिरफिरा लागत बा।

साभार – अमर उजाला

427990cookie-checkगोरखनाथ में आतंकी घुसले के सूचना से मचल हड़कंप, सीएम योगी आदित्यनाथ मंदिर में रहनें मौजूद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.