टेक्नोलॉजी डेस्क। वीकेंड में फिलिम आ टीवी शो देखे खातिर सर्च करे में कइयन बेर दिक्कत भइल होई। तब आखिर में Google पs एकरा के सर्च करे के पड़े ला कि कवना प्लेटफॉर्म पs रउरा पसंद के मूवी भा शो स्ट्रीम हो रहल बा। फेर कन्फर्म करे खातिर ओह खास ऐप पs जाये के पड़ेला। एह सब में कबो-कबो आधा टाइम इहे करत में खत्म हो जाला।
एह झंझट के आसान करे खातिर Google अब एगो नया तरीका ले आइल बा, जवना से रउआ सीधे Play Store पs जान सकीं कि कवना ऐप पs राउर पसंद वाला मूवी भा शो उपलब्ध बा।
Google अपना ब्लॉग पोस्ट में लिखले बा-
“अब नया फीचर से रउआ सीधे Play Store में टाइटल सर्च कs के तुरंत देख सकनी कि ऊ मूवी भा शो कवन-कवन ऐप पs स्ट्रीम हो रहल बा। अब अलग-अलग ऐप में कूदत रहे के झंझट भूल जाईं।”
Play Store पs मूवी/वेब शो कइसे सर्च करीं?
जदि रउआ ई नया फीचर ट्राय करे के चाहत बानी, तs बस ई स्टेप्स फॉलो करीं-
1. Google Play Store खोलीं।
2. सर्च टैब पsए जाईं।
3. आपन मनपसंद मूवी या टीवी शो के नाम लिखीं—जइसे “जवान” या “हैरी पॉटर”।
4. अगर फीचर रउआ डिवाइस में उपलब्ध बा, त रउआ के “Where To Watch” नाम के कार्ड दिखाई देई।
एह कार्ड में साफ-साफ लिस्ट होई कि मूवी/शो कवन ऐप पs देखावल जा रहल बा-
जइसे:
- Netflix
- Amazon Prime
- JioCinema / Hotstar
- YouTube
ऐप इहो बताई कि कंटेंट फ्री बा, रेंट करे के पड़ी भा सब्सक्रिप्शन से देखल जाई।
फीचर नइखे मिल रहल?
जदि अभी सर्च कइला पs कुछ ना लउके तs घबराईं मत। ई फीचर धीरे-धीरे सब यूजर्स के फोन में रोल आउट हो रहल बा। कुछ समय में ई सब केहू तक पहुंच जाई।








