G20 Summit : “हमनी के दोस्ती अमर रहे”- G20 Summit में पीएम मोदी से का कहलें फ्रांस के राष्ट्रपति मैक्रों?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2025

नई दिल्ली। साउथ अफ्रीका के जोहान्सबर्ग में चल रहल G20 शिखर सम्मेलन के दुसरका दिन PM मोदी आ फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों के मुलाकात खास रहल। दुनु नेता दुनिया से जुड़ल कइयन गो अहम

Share

नई दिल्ली। साउथ अफ्रीका के जोहान्सबर्ग में चल रहल G20 शिखर सम्मेलन के दुसरका दिन PM मोदी आ फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों के मुलाकात खास रहल। दुनु नेता दुनिया से जुड़ल कइयन गो अहम मुद्दा पs बातचीत कइल लोग। एह दौरान दुनु नेता भारत-फ्रांस दोस्ती के दुनिया के भविष्य खातिर बहुते महत्वपूर्ण बतावल लोग।

असल में, G20 Summit के दौरान जइसही फ्रांस के राष्ट्रपति मैक्रों पीएम मोदी के देखलें, ऊ सीधा उनका लगे जा पहुंचलें। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी गर्मजोशी से हाथ मिलावत मैक्रों के स्वागत कइलें। मैक्रों भारत-फ्रांस के संबंध के खूब सराहना कइले।

पीएम मोदी अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘X’ पs मैक्रों संगे खींचल तस्वीर साझा कइलें। एगो पोस्ट में पीएम मोदी लिखलें—
“जोहान्सबर्ग में G20 शिखर सम्मेलन के दौरान राष्ट्रपति मैक्रों से मिल के खुसी भइल। हमनी के कइयन गो मुद्दा पs उपयोगी बातचीत कइनी सs। भारत आ फ्रांस के आपसी संबंध वैश्विक हित खातिर एगो महत्वपूर्ण ताकत बा।”

पीएम मोदी एह मुलाकात के “आनंददायक आदान-प्रदान” बतावत कहलें कि भारत-फ्रांस संबंध आज “वैश्विक भलाई के ताकत” बनल बा।

मैक्रों के तरफ से पीएम मोदी के धन्यवाद

फ्रांस के राष्ट्रपति मैक्रों प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात के बाद सोशल मीडिया पs लिखलें—
“धन्यवाद, हमार मित्र, प्रिय नरेंद्र मोदी। जब राष्ट्र एक-संगे आगे बढ़ेला, तब ऊ आउर मजबूत हो जाला। हमनी देसन के दोस्ती अमर रहे!”

प्राकृतिक आपदा- एगो बड़ चुनौती

G20 Summit के दुसरका सत्र में पीएम मोदी वैश्विक आपदा तइयारी आ प्रतिक्रिया पs अंतरराष्ट्रीय सहजोग बढ़ावे के जरूरत पs जोर देलें। ऊ कहलें-
“प्राकृतिक आपदा आज मानवता खातिर एगो गंभीर चुनौती बनल बा। एह साल दुनिया के बहुत बड़ जनसंख्या एकर असर झेललस। एहिसे जरूरी बा कि हमनी के प्रभावी तइयारी आ अंतरराष्ट्रीय सहजोग के मजबूत करी।”

मोदी बतवलें कि भारत अपना G20 अध्यक्षता के दौरान आपदा जोखिम न्यूनीकरण कार्य समूह बनवलस आ एह मुद्दा के प्राथमिकता देवे खातिर दक्षिण अफ्रीका के बधाई देलें।

Read Also: Nitish Kumar Cabinet : नीतीश कैबिनेट में 9 आउर मंत्रियन के गुंजाइश, JDU के ‘अतिथि’ विधायकन के इंतजार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.