Vivo Smartphone : 10,000 रुपिया से कम में किनी 6000mAh बटरी आ 50MP कैमरा वाला Vivo के 5G स्मार्टफोन, ऑफर डीटेल चेक करीं

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2025

टेक्नोलॉजी डेस्क। Vivo कुछ महीना पहिले भारत में बजट सेगमेंट में आपन Vivo T4 Lite 5G स्मार्टफोन लॉन्च कइले रहे। वीवो के एह फोन में MediaTek Dimensity 6300 प्रोसेसर, 90Hz IPS डिस्प्ले आ 6,000mAh के

Share

Vivo 5G smartphone under 10000 with 6000mAh battery and 50MP camera in India, budget phone offer details

टेक्नोलॉजी डेस्क। Vivo कुछ महीना पहिले भारत में बजट सेगमेंट में आपन Vivo T4 Lite 5G स्मार्टफोन लॉन्च कइले रहे। वीवो के एह फोन में MediaTek Dimensity 6300 प्रोसेसर, 90Hz IPS डिस्प्ले आ 6,000mAh के जबरदस्त बैटरी दिहल गइल बा। मतलब कि 10 हजार रुपिया के बजट में ई फोन बढ़िया ऑप्शन साबित हो सकेला। जदि रऊआ एह रेंज में नया स्मार्टफोन खोजत बानी तs हमनी के रउआ के एह फोन पs मिलत ऑफर आ पूरा डीटेल बता रहल बानी सs।

Vivo T4 Lite 5G के कीमत आ ऑफर

Vivo T4 Lite 5G स्मार्टफोन तीन वेरिएंट में बिक्री खातिर उपलब्ध बा। एह फोन के बेस वेरिएंट 4GB RAM/128GB स्टोरेज वाला 10,499 रुपिया में लिस्ट कइल गइल बा, जवना पs 5 प्रतिशत के डिस्काउंट मिलत बा। डिस्काउंट के बाद ई फोन 9,975 रुपिया में किने के मिल जाई। ई डिस्काउंट Axis Bank Flipkart डेबिट/क्रेडिट कार्ड आ SBI Flipkart क्रेडिट कार्ड पs दिहल जात बा।
फोन दू रंग में उपलब्ध बा- प्रिज्म ब्लू आ टाइटेनियम गोल्ड। ई खास ऑफर ऑनलाइन शॉपिंग प्लेटफॉर्म Flipkart पs मिलत बा।

Vivo T4 Lite 5G स्पेसिफिकेशन

Vivo T4 Lite 5G स्मार्टफोन में 6.4 इंच के HD+ LCD डिस्प्ले दिहल गइल बा, जवना में 90Hz रिफ्रेश रेट आ 1,000 निट्स पीक ब्राइटनेस मिलेला। फोन में साइड फिंगरप्रिंट स्कैनर आ 3.5mm हेडफोन जैक दिहल गइल बा। एह स्मार्टफोन में सिंगल स्पीकर सेटअप आ IP64 रेटिंग मिलेला।

Vivo के ई फोन MediaTek Dimensity 6300 प्रोसेसर पs चलेला। ग्राफिक्स खातिर फोन में Mali-G57 MC2 GPU दिहल गइल बा। फोन 4GB, 6GB, 8GB LPDDR4x RAM आ 128GB/256GB स्टोरेज में उपलब्ध बा। माइक्रोएसडी कार्ड स्लॉट के मदद से स्टोरेज 1TB तक बढ़ावल जा सकेला।

Vivo T4 Lite 5G कैमरा फीचर

फोटोग्राफी खातिर फोन में डुअल रियर कैमरा सेटअप दिहल गइल बा।

  • 50MP प्राइमरी कैमरा
  • 2MP डेप्थ सेंसर
  • सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर फोन में 5MP फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा।

Vivo एह फोन के Android 15 पs लॉन्च कइले बा, जवन Funtouch OS 15 पs चलेला। कंपनी कहत बिया कि एह फोन के 2 साल तक सॉफ्टवेयर अपडेट आ 3 साल तक सिक्योरिटी अपडेट मिलत रही। फोन में 6000mAh के बैटरी आ 15W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट मिलेला।

Read Also: Nitish Kumar Oath : नीतीश कुमार बनवलें इतिहास: 10वां बेर CM पद के लेलें शपथ; 25 विधायक लेलें मंत्री पद के शपथ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.