[the_ad_group id="30365"]

Google Doodle Pani Puri: गूगल गोलगप्पा के बनवलस मजेदार डूडल, देखतही मुंह में आ जाई पानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नया गोलगप्पा के नाम सुनके सब केहू के मुंह में पानी आइये जाला। गोलगप्पा भारत के एगो पॉपुलर स्ट्रीट फूड हs, जवन हर शहर में अलग-अलग नाम से लोगन के जुबां के स्वाद बढ़ावे के काम करत बा। गोलगप्पा के पुचका, गुपचुप, पानी के पताशे, पानीपुरी आ फुचका नाव से जानल जाला।

अब रउआ सोच रहल होखेमे कि हम गोलगप्पा के जिकिर काहे कs रहल बानी। दरअसल गोलगप्पा के जिकिर हमनी के ना बलूक आज के दिन गूगल अपना डूडल के माध्यम से कs रहल बा। गूगल अपना यूजर्स के डूडल के माध्यम से पानी पूरी गेम खेले के मवका दे रहल बा।

का हs पानी पुरी

k

पानी पुरी के बारे में जानकारी देत गूगल एकरा के फ्लेवर वाला टेस्टी पानी से भरल क्रिस्पी शेल बतवले बा, जवना के भीतर आलू, छोला, मसाला, मिर्च के भरल जाला। एकरा अलावे, गूगल पानी पुरी के अलग-अलग फ्लेवर के जिकिर कइले बा।

गोलगप्पा के वर्ल्ड रिकॉर्ड कवना रेस्टोरेंट के नाम

गूगल गोलगप्पा माने पानी पुरी के वर्ल्ड रिकॉर्ड के जानकारी देले बा। गूगल के मोताबिक साल 2015 में मध्यप्रदेश के इंदौर इस्थित एगो रेस्टोरेंट के गोलगप्पन के अलग-अलग फ्लेवर पानी खातिर वर्ल्ड रिकॉर्ड दिहल गइल बा। इंदौर इस्थित रेस्टोरेंट पानी पुरी सर्व करत एकरा फ्लेवर वाला पानी के 51 ऑप्शन रखल रहे।

गूगल डूडल पs पानी पुरी गेम कइसे खेलीं 

जदि रउओ गूगल डूडल पs पानीपुरी गेम खेलल चाहत बानी तs एकरा खातिर रउआ एगो टाइमर के संगे तेजी से काम करे के होई। गेम में रउआ गोलगप्पा बेचे वाला के मदद करे के होई।

अलग-अलग ग्राहकन के ओह लोगन टेस्ट के धेयान में रखत गोलगप्पा सर्व करे के होई। गोलगप्पा सर्व करे खातिर करे स्क्रीन पs दिखावल गइल फ्लेवर वाला पानी के नीचे दिहल गइल ऑप्शन से पिक करे के होई। ई मैच सही होखले पs गेम में लमहर समय तक टिकल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]