[the_ad_group id="30365"]

गूगल बनवलस ब्रह्मांड के सुंदर तस्वीरन के डूडल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल डूडल में बुध का दिने ब्रह्मांड के तस्वीर देखावल गइल जवन नासा एगो एनिमेटेड जेम्स वेब स्पेस टेलीस्कोप (जेडब्ल्यूएसटी) से लिहले बा. वैज्ञानिक लोग के ओर से ‘गोल्डन आई’ कहल गईल ए डूडल में एगो अंतरिक्ष यान के ऊपर सोना से लपेटल, फूल के आकार के आईना देखावल गईल बा। एकरे बाद डूडल में जेडब्ल्यूएसटी द्वारा लिहल गइल छवि सभ के देखावल गइल बा जेह में हजारन आकाशगंगा सभ के रोशन करे वाला गहिरा क्षेत्र आ सभसे फीका चीज सभ के भी सामिल कइल गइल बा।

एह तस्वीरन के जारी होखला के बाद नासा कहलस कि इ अब तक के सबसे दूर के सबसे विस्तृत तस्वीर बा, जवना में आप आकाशगंगा के भी देख सकेनी। एकर रोशनी के धरती तक पहुंचे में अरबों साल लागेला। पृथ्वी से लगभग 1,150 प्रकाश-वर्ष दूर WASP-96 b बृहस्पति के द्रब्यमान के लगभग आधा बा आ महज 3.4 दिन में एकरे तारा के परिक्रमा करे ला।

ए फोटो के जारी होखला के बाद नासा के प्रमुख बिल नेल्सन ए तस्वीर के बारे में कहले कि, “ई तस्वीर 4.6 अरब साल पुरान तारा समूह SMAC 0723 के ह। तारा के ए समूह के वजन गुरुत्वाकर्षण लेंस निहन काम करेला अवुरी एकरा से आवे वाला रोशनी के फैलावेला।” आकाशगंगा के चारो दिशा में देखल जाला।

अबकी 30 साल पुरान हबल टेलीस्कोप के जगह जेम्स वेब स्पेस टेलीस्कोप के इस्तेमाल कईल गईल बा। ई पहिले के तुलना में लगभग 100 गुना अधिका शक्तिशाली दूरबीन बा। अधिका रोशनी के सोख लेवे के क्षमता के चलते इ दूर से तस्वीर ले सकता। वैज्ञानिक लोग के पहिलहीं से पता रहे कि एह दूरबीन से जवन 5 गो तस्वीर लिहल गइल बा।

जेम्स वेब टेलीस्कोप बनावे में नौ अरब डॉलर खरच भइल बा. ई दूरबीन अबतक ले अंतरिक्ष में भेजल गइल सभसे ताकतवर दूरबीन हवे। ई दूरबीन नॉर्थरॉब ग्रुमैन कॉर्प नाम के एगो कंपनी बनवले बिया. ई कंपनी एयरोस्पेस उपकरण बनावे में काम करेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]