नई दिल्ली। गूगल के सीईओ सुंदर पिचाई मंगर के बतवलें कि ऊ पीएम मोदी से बात कइलें। पिचाई के अनुसार, ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से बात कइलें आ आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम में अपना पहिला एआई हब खातिर अमेरिकी तकनीकी दिग्गज के योजना के साझा कइलें।
दरअसल, गूगल विशाखापत्नम में एगो विशाल डाटा सेंटर आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) बेस के घोषणा कइलें। बता दीं कि सेंटर अमेरिका के बाहर ओकर सबसे बड़ एआई हब होई आ कहलें कि ऊ अगिला पांच बरिस में भारत में 15 अरब डॉलर के निवेश करी।
भारतीय मूल के सीईओ एह डेग के ऐतिहासिक करार देलें। ऊ कहलें कि ई हब गीगावाट-स्तरीय कंप्यूटिंग क्षमता, एगो नया अंतर्राष्ट्रीय सबसी गेटवे आ बड़े पैमाना पs ऊर्जा अवसंरचना के एक संगे लेआई।
सुंदर पिचाई कइलें पोस्ट
बता दीं कि गूगल आ आंध्र प्रदेश सरकार के बीच समझौता पs हस्ताक्षर होखला के तुरंत बाद गूगल के सीईओ सुंदर पिचाई एक्स पs एगो पोस्ट कइलें। एह पोस्ट में ऊ लिखलें कि एकरा माध्यम से हमनी के अपना उद्योग-अग्रणी प्रौद्योगिकी के भारत में उद्यमन आ उपयोगकर्तन तक पहुंचाएम सs, एआई नवाचार के गति देम सs आ देस भर में विकास के गति देम सs।
गूगल आ अदाणी ग्रुप के साझेदारी
एनडीटीवी के रिपोर्ट के अनुसार, गूगल एआई डेटा सेंटर कैंपस खातिर अदानी समूह के संगे साझेदारी कइले बा। ई देस में गूगल के अब तक के सबसे बड़ निवेश बा।
कंपनी एगो आधिकारिक बयान में बतवलें कि ई भारत सरकार के ‘विकसित भारत 2047’ विजन के माेताबकि बा, जवना के तहत एआई-संचालित सेवा के विस्तार में तेजी ले आवल जाई। बयान में आगे कहल गइल कि एह पहल से भारत आ अमेरिका दूनो खातिर व्यापक आर्थिक आ सामाजिक अवसर पैदा होई आ संगही एआई क्षमता में पीढ़ीगत बदलाव के मार्ग प्रशस्त होई।
Read Also: