भारत के Arattai ऐप मचवलस धमाल, WhatsApp खतरा में, जानीं काहे नंबर 1 बन बइठल स्वदेशी मैसेजिंग ऐप

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2025

टेक डेस्क। भारत में मैसेजिंग ऐप के दुनिया में अब नया नाम तेजी से उभर रहल बा- अरट्टई (Arattai)। अब तक जहां हर फोन पs व्हाट्सऐप के दबदबा रहल बा, उहवां अब ई स्वदेशी ऐप

Share

टेक डेस्क। भारत में मैसेजिंग ऐप के दुनिया में अब नया नाम तेजी से उभर रहल बा- अरट्टई (Arattai)। अब तक जहां हर फोन पs व्हाट्सऐप के दबदबा रहल बा, उहवां अब ई स्वदेशी ऐप लोगन के दिल जीत जा रहल बा। अरट्टई धीरे-धीरे व्हाट्सऐप के टक्कर देत, भारत में प्ले स्टोर पs नंबर 1 सोशल नेटवर्किंग ऐप बन गइल बा।

का हs अरट्टई ऐप?

अरट्टई, तमिल भाषा के शब्द हs, जवना के मतलब होला – बातचीत भा गपशप। ई ऐप भारतीय कंपनी Zoho Corporation के ओर से बनावल गइल बा। ई ऐप से रउआ टेक्स्ट मैसेज, फोटो-वीडियो शेयर, वॉइस नोट्स, ऑडियो कॉल आ वीडियो कॉल बहुत आसानी से कर सकतानी। कंपनी दावा करतिया कि सुरक्षा आ प्राइवेसी के मामिला में ई ऐप बिदेसी ऐप से कवनो ममिला में कम नइखे।

कइसे बनल नंबर 1?

21 सितंबर के प्रधानमंत्री मोदी जब स्वदेशी अपनावे के अपील कईले, तबसे अरट्टई ऐप के लोकप्रियता आसमान छू लेहलस। लोग तेजी से व्हाट्सऐप छोड़ के ई ऐप पर आ रहल बा। नतीजा ई भइल कि अरट्टई भारत के ऐप स्टोर पर सोशल नेटवर्किंग कैटेगरी में नंबर 1 के पोजिशन पा गइल। खास बात ई बा कि ई ऐप पूरी तरह भारत में बनावल गइल बा आ आत्मनिर्भर भारत के उदाहरण पेश करत बा।

अरट्टई ऐप के खास फीचर्स

अरट्टई ऐप के इस्तेमाल व्हाट्सऐप जइसने बा, बाकिर ई कइयन गो अलग फीचर दे रहल बा।

  • टेक्स्ट आ वॉइस मैसेजिंग
  • ऑडियो आ वीडियो कॉल
  • ग्रुप चैट आ मीडिया शेयरिंग
  • डॉक्यूमेंट शेयरिंग आ चैनल फीचर
  • स्टोरीज आ लोकेशन शेयरिंग
  • मीटिंग शेड्यूल करे के सुविधा

ई ऐप एतना आसान बा कि छोट होखे चाहे बड़ आदमी, हर केहू बिना दिक्कत एकरा के इस्तेमाल कs सकत बा।

इस्तेमाल कइसे करीं?

अरट्टई ऐप डाउनलोड करे खातिर बस प्ले स्टोर या ऐप स्टोर पर जाईं, डाउनलोड करीं आ मोबाइल नंबर से लॉगिन कर लीं। एकरा बाद तुरंत चैटिंग, कॉलिंग आ मीडिया शेयरिंग कइल सुरू कs दीं।

Read Also: Mohsin Naqvi : PCB अध्यक्ष मोहसिन नकवी के हटावे के मांग तेज, भारत से हार के बाद पाकिस्तानी फैंस के भड़का गुस्सा

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.