[the_ad_group id="30365"]

Golmaal 5: जल्दीए बड़ परदा पे दिखी ‘गोलमाल 5’ के मंडली के धमाल, श्रेयस तलपड़े दिहले इ बड़का हिंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रेयस तलपडे कहले कि, ‘सच पूछीं त प्रशंसक ही ना बालुक हमनी के गोलमाल-5 के भी बेसब्री से इंतजार करतानी।’ कोरोना शुरू होखे से ठीक पहिले रोहित आ अजय एह फिलिम के अगिला किस्त के एलान कइले रहले , दुर्भाग्य से Covid आ गइल आ हालात बदल गइल। साँच पूछीं त हमनी के नइखी जानत कि कहानी का ह। एकरा बारे में सिर्फ रोहित के मालूम बा। त जब उ हमनी के फोन क के एकरा बारे में बताईहे तब फिल्म के कहानी के बारे में सिर्फ हमहीं बात क पाईब। लेकिन हाँ हमनी के एकर बेसब्री से इंतजार बा।

श्रेयस के शूटिंग के दिन याद आ गईल

फिल्म के शूटिंग के दिन याद करत श्रेयस कहले कि, रोज सेट पे पार्टी के माहौल रहे। एकर पूरा श्रेय हमनी के कप्तान रोहित शेट्टी के जाला काहे कि उनुका चलते सेट पर हमेशा जीवंतता के माहौल रहे. कहीं पढ़ले रहनी कि जबले रोहित फिल्म बनावत रहीहें तबले गोलमाल फिल्मो बनावत रहीहें। जबले हमनी के इंडस्ट्री में बानी जा तबले हम चाहत बानी जा कि ऊ अइसने करत रहस। काहे कि जब रउरा अपना प्रिय दोस्तन से भेंट होखब त बहुते ताज़ा हो जाला।

रोहित शेट्टी के गोलमाल सीरीज के पहिला फिलिम गोलमाल फन अनलिमिटेड साल 2006 में रिलीज भइल। एह फिलिम में शरमन जोशी, तुषार कपूर, अरशद वारसी आ अजय देवगन मुख्य भूमिका में रहलें। आ एकरा बाद रोहित शेट्टी अपना प्रशंसकन खातिर तीन गो सीक्वल गोलमाल रिटर्न्स, गोलमाल-3 आ गोलमाल अगेन बनवले बाड़न।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]