पीलीभीत जिला में सहायक यातायात निरीक्षक के पद पर तैनात 55 वर्षीय रामपाल सिंह जहरीला पदार्थ खा के जान दे देहलें। एसे पहिले ऊ अपने बेटा के व्हाट्सएप पर मेसेज कइल कि हम दुनिया छोड़ के जा रहल बानीं। बाद में बेटा कई कॉल कइलस, लेकिन ऊ रिसीव नाइ कइलें। उनकर शव कमरा में पडल मिलल।
सहायक यातायात निरीक्षक रामपाल सिंह मूलरूप से कन्नौज जिला के छिबरामऊ थाना क्षेत्र के गांव कुंवरपुर बनवारी के निवासी रहनें। परिवारवालन के मुताबिक दू महीना पहिले ऊ बदायूं में बुकिंग क्लर्क के पद पर तैनात रहनें। ओही दौरान उनकर सहायक यातायात निरीक्षक के पद पर प्रमोशन भइल रहे। तब उनकर पीलीभीत जिला में ट्रांसफर हो गइल। फिलहाल ऊ रोडवेज बस स्टैंड के पीछे वाटरवर्क्स रोड पर ही किराया के मकान में रहत रहलें। ऊ इहवें से पीलीभीत खातिर आवत-जात रहनें।

उनके रिश्तेदारन के मुताबिक रामपाल सिंह मंगर के तड़के साढ़े तीन बजे अपने बेटा चंदन सिंह के व्हाट्सएप पर मैसेज कइले रहनें कि ऊ ई दुनिया छोड के जा रहल बानें।

सुबह जब चंदन के आंख खुलल त उ आपन मोबाइल देखनें, एहमें पिता के मैसेज पढ़ के ऊ हैरान रह गइलें। उ पिता के कई बार कॉल कइलें। लेकिन जब कॉल रिसीव नाइ भइल त ऊ रोडवेज में तैनात कुछ परिचित ड्राइवर अउर परिचालकन के कॉल कsके जानकारी देहलें।

कुछ कर्मचारी उनके कमरा पर पहुंचलें, जहां उनकर शव पड़ल मिलल। खबर सुन के परिवारीजन कन्नौज से बदायूं चल दिहलें। एन्ने, तब ले कर्मचारियन के पुलिस के बुला लिहलें।

उनके कमरा में एगो जहरील पदार्थ के शीशी मिलल बा। उनकर शव मोर्चरी में रखवा दिहल गइल। परिजन के पहुंचले के बाद पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देहलस।
Post Views: 2