शराब के बहुते शौकीन ह ई बंदर, न देहलें पर हो जाला हमलावर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 1, 2022

ई खबर हैरान करे वाला बा। एगो बानर लोग खातिर मुसीबत के सबब बन गइल बा। बानर ग्राहकन से शराब छीन के पी जाला। शराब न देहले पर बानर लोग के काट के लहूलुहान भी

Share

बानर दहशत के चलते ग्राहक दुकान पर शराब पीए नाइ जा रहल बाने। एसे व्यापार में घाटा होखले पर संचालक विभागीय अधिकारियन से बानर के पकड़ववले के निहोरा कइले बानें।

आबकारी विभाग वन विभाग के अफसरन से बंदर के पकड़ववले के बात कहले बा। बानर के एह तरह शराब पीयले के मामला जिला में चर्चा के विषय बन गइल बा। दीन शाहगौरा ब्लॉक क्षेत्र के अचलगंज में शराब के दुकान बा। इहे क्षेत्र में एगो बंदर रहला, जौन दुकान पर आवे वाले ग्राहकन से शराब छीन के पी जाता है।

Video of monkey drinking wine in Raebareli going viral.
सेल्समैन श्याम सुंदर बतवलें कि बंदर के वजह से लोग दहशत में बानें खासकर दुकान पर आवे वाले ग्राहक। दुकान आवे वाले ग्राहकन से बंदर शराब छीन के पी जाला।
Video of monkey drinking wine in Raebareli going viral.
शराब न देहले पर बंदर काटकर लोग के लहूलुहान भी कs देला। एह संबंध में आबकारी विभाग के अफसरन के अवगत करा दिहल गइल बा।
Video of monkey drinking wine in Raebareli going viral.
जिला आबकारी अधिकारी रविंद्र प्रताप सिंह बतवलें कि बीयर के दुकान के सेल्समैन के तरफ से शिकायत कइले कि एगो बंदर ग्राहकन से शराब छीन के पी जाला।
Video of monkey drinking wine in Raebareli going viral.
शिकायत मिलले पर वन विभाग के अधिकारियन से बानर के पकड़ववले के बात कहल गइल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.