Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गीता प्रेस : मशीनन से धार्मिक पुस्तकन के प्रकाशन में आई तेजी, एगो आज-दूसरका दिवाली तक आई- करोड़न होई खर्च

74

Geeta Press: गीता प्रेस में पुस्तकन के प्रकाशन में रफ्तार ले आवे खातिर बिदेस से नया मशीन बुध तक गीता प्रेस में आ सकत बिया। एकर लागत एक करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा। ई प्लेट बहुते तेजी से बनाई। जवना से धार्मिक पुस्तकन के प्रकाशन के रफ्तार बढ़ी। जादे से जादे लोगन तक गीता प्रेस के पुस्तक पहुंची।

दूसरको छपाई के मशीन बिदेस से आ रहल बा जवन एह हफ्ता के अंत आ दिवाली से पहिले आ सकत बा। एकरा संगही तीसरका मशीन जवन सिलाई के आधुनिक मशीन हs, ऊ जनवरी 2025 में गीता प्रेस में आ सकत बा। एकर कीमत लगभग तीन करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा।

वर्तमान में कुछ मशीन जवन गीता प्रेस के लगे बा ऊ बहुत पुरान बा। एकर पार्ट्स बहुते मुश्किल से मिलत बा। जदि मिलतो बा तs ऊ बहुते महंगा बा। आधुनिक मशीनन से छपाई के रफ्तार बढ़ जाई आ पुस्तकन के प्रकाशन में समय कम लागी।

प्रबंधक गीता प्रेस लालमणि त्रिपाठी बतवलें कि नया मशीन बुध आ सकत बा। मशीन रस्ता में। एकरा संगही दिवाली तक एहो आउर मशीन आ जाई। एकरा से पुस्तकन के प्रकाशन के रफ्तार बढ़ी।

988190cookie-checkगीता प्रेस : मशीनन से धार्मिक पुस्तकन के प्रकाशन में आई तेजी, एगो आज-दूसरका दिवाली तक आई- करोड़न होई खर्च

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.