गाजियाबाद। गाजियाबाद में एनएच-9 पs आज तड़के एगो बड़ा सड़क हादसा हो गइल। रोडवेज बस बहरामपुर फ्लाईओवर पs डिवाइडर से टकरा गइल, एह हादसा में चालक सहित 10 सवारी घायल हो गइल बाड़ी सs।
जानकारी के मोताबिक, सीतापुर डिपो के रोडवेज बस सोमार के तड़के करीब पांच बजे लाल कुआं से दिल्ली के ओर जात रहे। बस के चालक विपिन कुमार (निवासी पीलीभीत) रहलें। जइसही बस बहरामपुर फ्लाईओवर पs पहुंचल, चालक के नींद के हलुका झपकी आ गइल, जवन हादसा के मुख्य कारण मानल जा रहल बा।
अनियंत्रित होके डिवाइडर से टकराइल बस
झपकी आवतही बस अनियंत्रित हो गइल आ डिवाइडर से जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर होखतही चीख-पुकार मच गइल। जादेतर सवारी हादसा के समय नींद में रहे, एह से केहू के संभरे के मवका ना मिलल।
घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल
घटना के सूचना मिलतही पुलिस आ एम्बुलेंस मवका पs पहुंचल। सब घायलन के जिला एमएमजी अस्पताल में भरती करावल गइल। चालक विपिन कुमार के हालत गंभीर देख के उनका के दिल्ली के जीटीबी अस्पताल रेफर कs दिहल गइल।
पुलिस हादसा के जांच में जुट गइल बिया। सुरुआती जांच में नींद के झपकी के कारण हादसा मानल जा रहल बा।








