US-Iran Ceasefire : अमेरिका-ईरान बीच आज से लागू हो सकेला सीजफायर, होर्मुज खुलला के संभावना

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 6, 2026

नई दिल्ली। मिडिल ईस्ट में चल रहल तनाव के बीच अब शांति के उम्मीद जागे लागल बा। खबर बा कि अमेरिका आ ईरान के बीच सीजफायर (युद्ध विराम) पs सहमति बन सकेला, जवन आज से

Share

Map showing Strait of Hormuz amid US Iran ceasefire talks

नई दिल्ली। मिडिल ईस्ट में चल रहल तनाव के बीच अब शांति के उम्मीद जागे लागल बा। खबर बा कि अमेरिका आ ईरान के बीच सीजफायर (युद्ध विराम) पs सहमति बन सकेला, जवन आज से लागू हो सकेला। एह सीजफायर के बाद होर्मुज स्ट्रेट के जल्दिये खोलल जा सकेला, जवन दुनिया भर के तेल सप्लाई खातिर बहुत जरूरी रास्ता हs।

सूत्रन के मोताबिक, एह सीजफायर के पूरा खाका पाकिस्तान तइयार कइले बा। पाकिस्तान एह प्लान के अमेरिका आ ईरान दूनो के संगे साझा कइले बा, जवना में तुरंत सीजफायर आ बाद में एगो बड़ समझौता करे के रूपरेखा सामिल बा। बातचीत के दौरान पाकिस्तान एगो अहम “कम्युनिकेशन चैनल” के रूप में काम करत बा।

रिपोर्ट के अनुसार, सुरुआती सहमति बन चुकल बा आ अब एकरा के एगो आधिकारिक समझौता (MoU) के रूप में तइयार कइल जाई। एह प्रस्ताव में कहल गइल बा कि सीजफायर लागू होखतही होर्मुज स्ट्रेट खोल दिहल जाई आ 15 से 20 दिन के भीतर एगो स्थायी समझौता पs काम पूरा कइल जाई। एह डील के अस्थायी रूप से “इस्लामाबाद अकॉर्ड” कहल जा रहल बा।

एकरा से पहिले 45 दिन के संभावित सीजफायर पs बातचीत हो रहल बा, जवना से युद्ध के पूरा तरे खतम करे के कोसिस बा। एह बातचीत में पाकिस्तान के आर्मी चीफ असीम मुनीर, अमेरिका के उपराष्ट्रपति जेडी वेंस आ ईरान के बिदेस मंत्री अब्बास अराक्ची सामिल रहलें।

हालांकि, अभी तक ना अमेरिका आ ना ईरान आधिकारिक तौर पs एह सीजफायर पs कवनो बयान देले बा। ईरान पहिले कह चुकल बा कि ऊ स्थायी सीजफायर तबे मानी जब अमेरिका आ इजरायल दोबारा हमला ना करे के गारंटी दी।

विशेषज्ञन के माने के बा कि जदि होर्मुज स्ट्रेट जल्दी खुल जाला, तs वैश्विक तेल आपूर्ति पs पड़ रहल दबाव कम हो सकेला। एही से दुनियाभर के नजर अब एह संभावित समझौता पs टिकल बा।

Read Also: Ghaziabad Accident : हलुका झपकी से भइल बड़ हादसा, गाजियाबाद में बहरामपुर फ्लाईओवर पs रोडवेज बस डिवाइडर से टकराइल, 10 लोग घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.