Gorakhpur News: GDA बसाई नया गोरखपुर, महायोजना में रखल गइल लोगन के सुविधा के खेयाल

Anurag Ranjan

Gorakhpur News: जीडीए बोर्ड नाया महायोजना 2031 के प्रारूप के स्वीकृति दे देले बा। लमहर इंतजार के बाद बुध के गोरखपुर विकास प्राधिकरण (GDA) के एह नाया महायोजना के स्वीकृति मिल गइल बा। मेट्रोपॉलिटन शहर के तर्ज पs ई महायोजना 203 वर्ग किलोमीटर क्षेत्र में तइयार भइल बा। 99.47 वर्ग किलोमीटर जमीन के क्षेत्र भू उपयोग आवासीय रखल गइल बा। जेमे 25 लाख के आबादी रह सकी।

महायोजना के लेके लोग दे सकी सुझाव

दरअसल, एक सप्ताह के भीतर प्रस्तावित महायोजना के प्राधिकरण के वेबसाइट पs अपलोड कइल जाई। एह पs लोग आपत्ति आ सुझाव दे सकी। लोगन के आपत्तियन के निस्तारण के बाद एह प्रस्ताव के शासन के भेजल जाई। नाया महायोजना 2031 में नाया गोरखपुर बसावे के प्रस्ताव बा। गोरखपुर से कुशीनगर आ गोरखपुर से देवरिया के बीच फोरलेन बाईपास से लगले लगभग 18 सौ हेक्टेयर क्षेत्रफल पs ई नाया गोरखपुर बसावल जाई।

महायोजना में लोगन के सुविधा के विशेष ध्यान

कुशीनगर आ गोरखपुर एयरपोर्ट से आसान पहुंच के कारण एह जगह के बसावे खातिर उपयुक्त मानल जा रहल बा। नाया महायोजना में सामिल प्रस्ताव में भू उपयोग परिवर्तन कs के 100 कॉलोनियन के नियमित कइल गइल बा। गोरखपुर विकास प्राधिकरण स्वीकृत महायोजना 2031 के प्रारूप में लोगन के सुविधा के विशेष ध्यान रखल गइल बा।

चारों ओर 100 मीटर के परिधि में ग्रीन जोन

एह महायोजना में जीडीए द्वारा ई कोसिस कइल जा रहल बा कि एमे ज्यादा से ज्यादा लोगन के सुविधा मिल सके, एह महायोजना के 125 जनसंख्या घनत्व के आधार पs तइयार कइल गइल बा। महायोजना के तइयार करत समय अवैध निर्माण के अध्ययन कइल गइल बा। एह महायोजना में वन क्षेत्र के खास ध्यान राखल गइल बा। वन विभाग के सुझाव के बाद प्रस्ताव तइयार कइल गइल बा। वन क्षेत्र के चारो ओर 100 मीटर के परिधि में ग्रीन जोन राखल जाई।

एह नाया महायोजना में गोडधोइया नाला, रामगढ़ ताल

नाला जैसी प्राकृतिक नालन के दुनो और 15-15 मीटर तक बफर जोन राखे के प्रस्ताव बा। महायोजना तइयार करत घरी शहर के जाम से मुक्त बनावे पs जोर दिहल गइल बा। सब चौराहन पs जाम के अध्ययन कइल गइल बा।  मेट्रो आ आउर परियोजनन के बीमा योजना में ध्यान राखल गइल बा। मेट्रो रूट के दुनो और बाजार स्ट्रीटो के उपयोग दिहल जाई। जवना से ई क्षेत्र विकसित हो सके आ दुनो और वाणिज्यिक विकास हो सकी।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।