Gautam Gambhir: टीम इंडिया के नया मुख्य कोच बनलें गौतम गंभीर, बीसीसीआई सचिव जय शाह कइलें एलान

गौतम गंभीर आ जय शाह - फोटो : BCCI

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) सचिव जय शाह भारतीय टीम के नया मुख्य कोच के एलान कs देले बाड़ें।  भारत के पूर्व सलामी बल्लेबाज गौतम गंभीर टीम इंडिया के नया हेड कोच होइहें। ऊ राहुल द्रविड़ के जगह लिहे। द्रविड़ के कार्यकाल टीम इंडिया के टी20 विश्व कप 2024 के चैंपियन बनतही समाप्त हो गइल।

गंभीर तीनो प्रारूप में टीम इंडिया के कोच होइहें। जय शाह पहिलही कहले रहस था कि अलग-अलग कोच ना नियुक्त कइल जाई। गंभीर के कार्यकाल 3.5 साल के होई। बीसीसीआई मई में आवेदन मंगववले रहे। एकरा बाद दु लोगन के टेस्ट लिहल गइल रहे। एमे गंभीर के अलावा भारतीय महिला टीम के पूर्व कोच डब्ल्यूवी रमन के नाम सामिल रहे। हालांकि, अब जय शाह गंभीर के नाम के एलान कs देले बाड़ें।

जय शाह का लिखलें?

गौतम गंभीर आ रोहित शर्मा। फोटो IPL/BCCI
गौतम गंभीर आ रोहित शर्मा। फोटो IPL/BCCI

 

जय शाह गंभीर के नाम के एलान करत कहलें- हमरा टीम इंडिया के हेड कोच के तौर पs गंभीर के नाम के एलान करत बहुते खुसी हो रहल बा। हम उनकर भारतीय क्रिकेट टीम के मुख्य कोच के रूप में स्वागत करत बानी। आधुनिक क्रिकेट तेजी से विकसित भइल बा आ गौतम एकर बदलत परिदृश्य के करीब से देखले बाड़ें। अपना पूरा करियर में कठिनाइयन के सहे आ अलग-अलग भूमिकन में उत्कृष्ट प्रदर्शन कइला के बाद, हमरा विश्वास बा कि गौतम भारतीय क्रिकेट के आगे बढ़ावे खातिर आदर्श आदमी बाड़ें।

जय शाह लिखलें- टीम खातिर उनकर स्पष्ट दृष्टिकोण, उनकर विशाल अनुभव के संगे मिलके, उनका के एह रोमांचक आ सबसे जादे मांग वाली कोचिंग भूमिका के निभावे खातिर पूरा तरे से सक्षम बनावत बा। बीसीसीआई गंभीर के एह नया जतरा के पूरा समर्थन करत बा।

गंभीर के कोचिंग में एह टूर्नामेंटन में खेली भारत

गौतम गंभीर - फोटो : IPL/BCCI
गौतम गंभीर – फोटो : IPL/BCCI

गंभीर आईपीएल में केकेआर आ लखनऊ सुपरजाएंट्स के संगे बेहतरीन रणनीतिकार के रूप में उभरल बाड़ें। ऊ अपना कप्तानी में केकेआर के दु बेर चैंपियन बनवलें। संगही दु सत्र (2022, 2023) में ऊ लखनऊ के प्लेऑफ तक ले गइलें। 2024 में बतौर कोलकाता नाइट राइडर्स के मेंटर रहत ओकरा के चैंपियन बनवलें। गंभीर के प्रबंधन कौशल सानदार रहल बा। गंभीर के कार्यकाल जुलाई 2024 से सुरू होके 31 दिसंबर 2027 तक के होई। माने उनका कोचिंग में टीम इंडिया चैंपियंस ट्रॉफी 2025, विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल 2025 आ 2027, टी20 विश्व कप 2026 आ वनडे विश्व कप 2027 खेली। माने गंभीर के सामने तीन गो सीमित ओवर विश्व कप आ दुगो आईसीसी टेस्ट चैंपियनशिप जीते के चुनौती बा।

कोच गंभीर के सामने बा ई चुनौती 

गौतम गंभीर - फोटो : IPL
गौतम गंभीर – फोटो : IPL

गंभीर के कार्यकाल के सुरुआत जुलाई में श्रीलंका के खिलाफ सफेद गेना के सीरीज से होई। एकरा बाद टीम इंडिया बांग्लादेश आ न्यूजीलैंड के खिलाफ दुगो घरेलू टेस्ट सीरीज खेली। साल के अंत में भारत के बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर ऑस्ट्रेलिया के दौरा करे के बा आ पांच गो टेस्ट मैच खेले के बा। फेर 2025 में पाकिस्तान में चैंपियंस ट्रॉफी के अलावा ओह साल के बीच में इंग्लैंड के दौरा करे के बा। 2026 में भारत आ श्रीलंका टी20 विश्व कप के संयुक्त मेजबानी करी आ 2027 के वनडे विश्व कप दक्षिण अफ्रीका में खेलल जाये के बा। कोच गंभीर के भारत के दुगो दिग्गज विराट कोहली (35 साल) आ मवजूदा कप्तान रोहित शर्मा (37 साल) के संभारे के होई, जे करियर के अंतिम चरण में बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-