Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गैंगस्टर विकास लगरपुरिया दिल्ली एयरपोर्ट से भइलें गिरफ्तार, 30 करोड़ के चोरी के रहल मास्टरमाइंड

172

विकास लगरपुरिया के दिल्ली एयरपोर्ट से गुरुग्राम हरियाणा पुलिस गिरफ्तार कइले बा। विकास लगरपुरिया उत्तर भारत के बहुत बड़ गैंगस्टर रहल। ओके दुबई से डिपोर्ट कइल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, खूंखार गैंगस्टर विकास लगरपुरिया के हरियाणा पुलिस दिल्ली स्थित आईजीआई एयरपोर्ट से औपचारिक तौर पर गिरफ्तारी दिखवलस। सूत्रन के मुताबिक, गैंगस्टर विकास लगरपुरिया को दुबई से डिपोर्ट करावल गइल बा। गैंगस्टर विकास लगरपुरिया के खिलाफ हरियाणा समेत दिल्ली में कई मामिला दर्ज बा।

हरियाणा पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स विकास के गिरफ्तार कइले बा। अब आरोपी विकास से विस्तार से पूछताछ कइल जाई। आपके बता देईं कि छह मई के गैंगस्टर विकास लगरपुरिया फर्जी पासपोर्ट से दुबई में पकड़ल गइल रहल। ऊ हरियाणा से फर्जी पासपोर्ट बनववले रहनें। आरोपी एह फर्जी पासपोर्ट से कई देश के यात्रा कइले रहल। विकास मूल रूप से झज्जर के लगरपुर गांव के रहे वाला ह। सोनीपत रोहतक में एकर गैंग द्वारा वारदात के अंजाम दिहल गइल बा।

गुरुग्राम में 30 करोड़ रुपया के चोरी के मास्टरमाइंड होखले के चलते पुलिस ओकरे पीछे पड़ल रहे। पैरोल जंप कइले के बाद सात बरिस से विकास फरार चलत रहे। ओकरे खिलाफ मकोका समेत कई केस दर्ज बा। कोर्ट कई केस में ओके भगोड़ा घोषित कs रखले बा। गुरुग्राम स्थित खेड़कीदौला थाना इलाका में 5 अगस्त, 2021 के 30 करोड़ रुपया के सनसनीखेज चोरी के वारदात भइल बा।

16 बरिस के उमिर में जुर्म के दुनिया में उतर गइल रहे

विकास लगरपुरिया कब्बो दिल्ली विश्वविद्यालय के छात्र रहल। जब विश्वविद्यालय से ड्रॉप आउट भइल तब ऊ गैंगस्टर बनले के राह पs चल पड़ल। विकास हरियाणा के झज्जर जिला के बहादुरगढ़ स्थित लगरपुर गांव के रहे वाला हवे। जब ऊ गुनाह के दुनिया में मशहूर भइल तब उनकर नाम ओही के गांव पर विकास लगरपुरिया पड़ गइल। मध्यमवर्गीय परिवार से ताल्लुक रखे वाला विकास रामलाल आनंद कॉलेज से ग्रेजुएशन करत रहे लेकिन ड्रॉप आउट होखले के बाद ओकर मन पढ़ाई से हट गइल रहे आ ऊ जुर्म के दुनिया मे उतर गइल।

410640cookie-checkगैंगस्टर विकास लगरपुरिया दिल्ली एयरपोर्ट से भइलें गिरफ्तार, 30 करोड़ के चोरी के रहल मास्टरमाइंड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.