समारोह के रूप में मनावल जाई गांधी जयंती

Share

कुशीनगर के कलेक्ट्रेट सभागार में एडीएम के अध्यक्षता में मंगर देर साँझ जिला स्तरीय अधिकारियन के बइठक भइल। एहमें 2 अक्तूबर के समारोह के रूप में गांधी जयंती मनावे के तैयारी पर चर्चा कइल गइल।
एडीएम देवीदयाल वर्मा कहलें कि 2 अक्तूबर के सुबह आठ बजे राजकीय भवन पर राष्ट्रीय ध्वज फहरावल जाई। गांधी के चित्र पर माल्यार्पण कर उनके विचार पर चर्चा कइल जाई। कलेक्ट्रेट परिसर में खादी ग्राम उद्योग अउरी रेशम से संबंधित प्रदर्शनी लगावल जाई। कलेक्ट्रेट परिसर में पौधरोपण कइल जाई।
सुबह नौ बजे से अनुसूचित जाति के बस्तियन में सफाई अउर 9:30 बजे जिला स्टेडियम में बालिका के दौड़ प्रतियोगिता आयोजित होई। शराब के दुकान बंद रही। उ सब विभागध्यक्ष के  कार्यालय में राष्ट्रीय स्वच्छता अभियान के तहत सफाई करावे के निर्देश दिहलें। एकरे अलावा सरकारी कार्यालय में तंबाकू, गुटखा, पान मसाला आदि पर रोक लगावे के निर्देश दिहलें। एह दौरान सब जिला स्तरीय अधिकारी मौजूद रहलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-