सेंट्रल डेस्क। स्वतंत्रता दिवस 2025 पs देश के वीरन आ सेवा में उत्कृष्ट प्रदर्शन करे वाला कर्मियन के सम्मानित कइल जाई। गृह मंत्रालय 1,090 पुलिस, अग्निशमन, होम गार्ड, सिविल डिफेंस आ सुधार सेवा के कर्मियन के वीरता आ सेवा पदक देवे के घोषणा कइलस। ई सम्मान ओह लोगन के मिली जे देस के सेवा में बहादुरी आ समर्पण के परिचय देले बा।
गृह मंत्रालय के मोताबिक, कुल 233 कर्मियन के वीरता पदक प्रदान कइल गइल। एकरा के मेडल ऑफ गैलंट्री (GM) कहल जाला। एमे 226 पुलिस, छव अग्निशमन आ एगो होम गार्ड आ सिविल डिफेंस के कर्मी सामिल बा लो। वीरता पदक ओकरा के दिहल जाला, जे जिनगी आ संपत्ति बचावे, अपराध रोके भा अपराधियन के पकड़े में असाधारण साहस देखवले बा। एह साल के पुरस्कार विजेतन में 152 जम्मू-कश्मीर, 54 वामपंथी उग्रवाद प्रभावित क्षेत्र, तीन पूर्वोत्तर आ 24 आउर क्षेत्रन के कर्मी सामिल बा लोग।
विशिष्ट सेवा पदक
कुल 99 राष्ट्रपति विशिष्ट सेवा पदक माने प्रेसिडेंट मेडल फॉर डिस्टिंग्विस्ट सर्विस (PSM) दिहल जाई। ई सम्मान सेवा में विशेष उत्कृष्ट रिकॉर्ड रखे वाला कर्मियन के दिहल जाला। एमे 89 पुलिस, पांच अग्निशमन, तीन सिविल डिफेंस आ होम गार्ड आउर दुगाे सुधार सेवा के कर्मी सामिल बा लो। ई कर्मी अपना कर्तव्य के पालन निष्ठा आ पेशेवर उत्कृष्टता के संगे कइले बा लोग।
सराहनीय सेवा पदक
758 कर्मियन के सराहनीय सेवा पदक माने मेडल फॉर मेरिटोरियस सर्विस (MSM) से सम्मानित कइल जाई। ई पदक कर्तव्य के प्रति समर्पण आ संसाधनशीलता खातिर दिहल जाला। एमे 635 पुलिस, 51 अग्निशमन, 41 सिविल डिफेंस आ होम गार्ड आउर 31 सुधार सेवा के कर्मी सामिल बा लो। एह अधिकारियन आ कर्मचारी बरिसन तक देस के सुरक्षा आ सेवा में जोगदान देले बा लो।
एह सुरक्षाबलन के मिलल विशेष मान्यता
जम्मू-कश्मीर, नक्सल प्रभावित क्षेत्र आ देस के आउर संवेदनशील इलाकन में तैनात सुरक्षा बलन के कर्मियन के एह साल विशेष मान्यता मिलल बा। एह क्षेत्रन में सेवा दिहल बहुते जोखिम भरल होला, काहेकि इहां अक्सर आतंकवादी हमला, उग्रवादी गतिविधि आ सुरक्षा चुनौती बनल रहेला।