Central Cabinet Meeting : ‘चार नया सेमीकंडक्टर प्रोजेक्ट, लखनऊ मेट्रो के विस्तार’, ₹18541 करोड़ के योजनन के कैबिनेट के मंजूरी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2025

लखनऊ। केंद्रीय कैबिनेट के बैठक में मंगर के तीन गो बड़ फैसला लिहल गइल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल कैबिनेट बैठक में 18,541 करोड़ रुपिया के योजना के मंजूरी दिहल गइल। केंद्रीय

Share

PM मोदी

लखनऊ। केंद्रीय कैबिनेट के बैठक में मंगर के तीन गो बड़ फैसला लिहल गइल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल कैबिनेट बैठक में 18,541 करोड़ रुपिया के योजना के मंजूरी दिहल गइल। केंद्रीय मंत्रीमंडल देस में चार नया सेमीकंडक्टर परियोजनन के मंजूरी देले बा। एह परियोजनन पs करीब 4,594 रुपिया खर्च कइल जाई। ई परियोजना ओडिसा, पंजाब आ आंध्र प्रदेश में सुरू होई।

कैबिनैट दूसरका बड़ फैसला लखनऊ मेट्रो के बारे में लेले बा। केंद्रीय कैबिनेट 5,801 करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला लखनऊ मेट्रो के फेज वन बी परियोजना के मंजूरी दे देले बा। एकरा संगही सरकार 8,146 करोड़ के लागत वाली क्लीन ग्रोथ: टाटो-II हाइड्रोइलेक्ट्रिक परिेयोजना के मंजूरी दे देले बा। ई परियोजना 700 मेगावाट बिजली पैदा करी। सूचना आ प्रसारण मंत्री अश्विनी वैष्णव मंगर के केंद्रीय कैबिनेट में लिहल गइल एह फैसलन के जानकारी देलें।

Read Also: Justice Varma Case: लोकसभा अध्यक्ष जस्टिस वर्मा के हटावे के प्रस्ताव स्वीकार कइलें; तीन सदस्यीय समिति गठित

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.