Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गदर 2 के हिरोइन अमीषा पटेल झारखंड के रांची कोर्ट में भइली पेश: जानीं अपना ऊपर लागल आरोपन पs का बोलली अभिनेत्री, देली अइसन सफाई सब केहू हैरान 

1,472

अनिल शर्मा के निरदेसन में बनल गदर: एगो प्रेम कथा के पार्ट टू गदर 2 के नाम से रिलीज होखे जा रहल बा। फिल्म के रिलीज होखे से पहिले अभिनेत्री अमीषा पटेल एह दिनन चरचा में बाड़ी। सोमार के बॉलीवुड एक्ट्रेस अमीषा पटेल चेक बाउंस से जुड़ल केस में झारखंड के राजधानी रांची के सिविल कोर्ट में हाजिर भइली। कोर्ट के ओर से अपना पहिले के आदेस में अमीषा पटेल के सदेह उपस्थित होखे के आदेस देले रहे। कोर्ट में चलल कार्रवाई के दौरान अदालत अमीषा पटेल पs लागल आरोप बतवलस। अमीषा पटेल सब आरोपन से इन्कार कs देली। बतावल जा रहल बा कि एकरा संगही अमीषा पटेल के मुश्किल आउर बढ़ गइल बा। अब उनका ट्रायल फेस करे के पड़ी। रांची सिविल कोर्ट में ज्यूडिशियल मजिस्ट्रेट डी एन शुक्ला के अदालत में अमीषा पटेल के ममिला के सुनवाई हो रहल बा। अमीषा पटेल के ओर से अधिवक्ता जयप्रकाश बहस कइलें। ओहिजा एह ममिला के शिकायतकर्ता अजय कुमार सिंह के तरफ से अधिवक्ता स्मिता पाठक बहस कइली।

2017 से चल रहल बा चेक बाउंस के केस 

बता दीं कि अमीषा पटेल पs साल 2017 से चेक बाउंस के केस चल रहल बा। आरोपन के मोताबिक, फिलिम देसी मैजिक बनावे के नाम पs अजय सिंह ढाई करोड़ अमीषा पटेल के खाता में ट्रांसफर कइलें। अजय कुमार सिंह लवली वर्ल्ड इंटरटेनमेंट के प्रोपराइटर बाड़ें। फिलिम ना बनावे के लेके अभिनेत्री आ निर्माता के बीच विवाद सुरू हो गइल बा। निर्माता के आरोप बा कि ऊ अमीषा पटेल से आपन पईसा वापस करे के मांग करत रहलें। पईसा वापस ना होखला के बाद अजय कुमार सिंह निचली अदालत में शिकायतवाद दर्ज करवलें। एमे कहल गइल बा कि अमीषा पटेल उनका संगे धोखाधड़ी कइले बाड़ी। सबूत के तौर पs शिकायतकर्ता के ओर से चेक सउपल गइल बा। बतावल गइल बा कि अमीषा पटेल के ओर से राशि वापस करे के बदले खातिर सउपल गइल चेक बैंक में बाउंस कs गइल।

एह दिनन चरचा में अमीषा पटेल

अभिनेत्री अमीषा पटेल एह दिनन बहते चरचा में बाड़ी। उनकर फिल्म गदर 2 अगिला महीना रिलीज हो रहल बा। दर्शकन के एह फिलिम के बहुते इंतजार बा। एही बीच फिल्म के डायरेक्टर अनिल शर्मा पs अमीषा पटेल गंभीर आरोप लगवलें। ट्वीट कs के अभिनेत्री दावा कइली कि गदर 2 के कइयन टेक्निशियन्स आ आर्टिस्ट के पईसा नइखे मिलल। ट्रांसपोर्ट के सुविधा आ खाये के बिलन तक के भुगतान नइखे भइल। एह बारे में डायरेक्टर आपन सफाई देत कहलें कि हमार पता नइखे कि अमीषा पटेल अइसन काहे कहली। बस हम ई कहल चाहत बानी कि ई सारा आरोप गलत बा।

उर्फी जावेद अमीषा पटेल पs बोलली हमला

अमीषा पटेल के परेसानी बस एहिजा खतम होत नइखे दिख रहल। होमोसेक्सुएलिटी के लेके दिहल गइल। उनका एगो बयान के बाद उर्फी जावेद अमीषा पटेल के घेर लेलस। ऊ कहलें कि 25 साल तक काम ना मिलला के असर ई भइल कि अब ई बिटर पर्सन बन गइल बा।

592590cookie-checkगदर 2 के हिरोइन अमीषा पटेल झारखंड के रांची कोर्ट में भइली पेश: जानीं अपना ऊपर लागल आरोपन पs का बोलली अभिनेत्री, देली अइसन सफाई सब केहू हैरान 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.