भारत हालही में दुनिया के 20 प्रमुख अर्थव्यवस्था के संगठन जी-20 के अध्यक्षता सम्हरले रहे। सितंबर 2023 में भारत में जी-20 के शिखर सम्मेलन आयोजित कइल जाई। एकर तैयारियन के अंतिम रूप देवे के ले के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में सोमार के सर्वदलीय बैठक भइल।
एह दौरान पीएम एक-एक कs के राजनीतिक दल के प्रमुख नेता लोग के मिलले। एहमें कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खरगे से ले के आम आदमी पार्टी के अरविंद केजरीवाल तक शामिल रहनें। कार्यक्रम के जौन तस्वीर अब ले सोझे आइल बा, ओमें पीएम मोदी के संगे एह नेता लोग के हल्का-फुल्का पल साझा करत दिखाई दिहले बानें।

पीएम मोदी कांग्रेस के अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे से बातचीत कइलें।

जी20 खातिर बुलावल गइल बैठक में पीएम नरेंद्र मोदी के संगे लेफ्ट पार्टी के नेता सीताराम येचुरी भी दिखलें। बातचीत के दौरान दूनों लोग ठहाका लगावत नजर अइलें।

गुजरात चुनाव में भाजपा खातिर चुनौती पेश करे वाले आम आदमी पार्टी के संयोजक अरविंद केजरीवाल हाथ जोड़ के पीएम मोदी के अभिवादन कइलें। उनके संगही पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी मौजूद रहली।

जी20 बैठक से पहिले पीएम मोदी के संगे बंगाल के सीएम ममता बनर्जी अउर आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री जगन मोहन रेड्डी भी गहन चर्चा करत दिखलें।

प्रधानमंत्री मोदी जी20 बैठक से इतर तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एमके स्टालिन के संगे बातचीत करत दिखलें। एह दौरान कांग्रेस नेता उदित राज भी पीएम के संगे चर्चा करत नजर अइलें।

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे बैठक के दौरान पीएम मोदी के संगे चर्चा कइलें। शिवसेना के शिंदे गुट के महाराष्ट्र में भाजपा के संगे गठबंधन बा।

प्रधानमंत्री मोदी सर्वदलीय बैठक में शामिल भइल जेडीएस नेता एचडी देवगौड़ा के लग्गे जा के उनके स्वास्थ्य के हाल जनलें।
Post Views: 2