सुपर टाइब्रेक में हारके रोलां गैरो से बाहर भइल बोपन्ना-मिडिलकूप के जोड़ी, अरेवालो-रॉजर के जोड़ी रोमांचक मुकाबला में देलस मात

Share

रोहन बोपन्ना आ उनकर नीदरलैंड के साथी मैटवे मिडेलकूप के फ्रेंच ओपन के सेमीफाइनल मुकाबला में मार्सेलो अरेवालो आ जीन-जुलियन रॉजर से हार के सामना करे के पड़ल। अरेवालो-रॉजर के जोड़ी कोर्ट सिमन-मैथ्यू में भइल मुकाबला में बोपन्ना-मिडेलकूप के 4-6, 6-3, 7-6(8) से मात देलस।

बोपन्ना जहां सात साल में पहिला बेर कवनो ग्रैंड स्लैम के सेमीफाइनल में जगह बनवले रहस, ओहिजा मिडेलकूप पहिला बेर कवनो बड़ टूर्नामेंट के सेमीफाइनल तक पहुंचल रहस। सेमीफाइनल में भारत-डच जोड़ी सकारात्मक सुरुआत करत पहिला सेट 36 मिनट में 6-4 से जीत लेले।

अरेवलो आ रोजर वापसी करत दूसरका सेट के 40 मिनट में 6-3 से अपना नामे कइलस। तीसरा सेट टाईब्रेकर में गइल जहां बोपन्ना आ मिडेलकूप दु गो मैच पॉइंट बचावल बाकिर अंत में प्रतियोगिता हार गइल।

बोपन्ना-मिडेलकूप के जोड़ी सेमीफाइनल में पहुंचे खातिर लॉयड ग्लासपूल आ हैरी हेलियोवारा के ब्रिटिश-फिनलैंड जोड़ी पs क्वार्टरफाइनल में शानदार जीत दर्ज कइले रहे।

बोपन्ना ने आखिरी बेर विंबलडन 2015 ग्रैंड स्लैम में पुरुष युगल सेमीफाइनल में जगह बनवले रहस। उहां बोपन्ना रोमानिया के फ्लोरिन मर्जिया के साथ खेलत जीन-जूलियन रोजर आ होरिया टेकाउ से भीषण पांच-सेट में हार गइल रहस। अनुभवी भारतीय टेनिस खिलाड़ी के एकमात्र ग्रैंड स्लैम खिताब 2017 में फ्रेंच ओपन में आइल रहे जहां ऊ कनाडा के गैब्रिएला डाब्रोवस्की के संगे मश्रिति युगल खिताब जीतले रहस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-