Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

French Open 2022: रोहन बोपन्ना फ्रेंच ओपन में रचले इतिहास, मिडेलकूप के संगे मेन्स डबल्स के सेमीफाइनल में बनवले जगह

902

Rohan Bopanna & Middelkoop French Open 2022: भारत के स्टार टेनिस खिलाड़ी रोहन बोपन्ना आ डच खिलाड़ी एम मिडेलकूप 7 साल में पहिला ग्रैंडस्लैम सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा लो। ऊ लोग फ्रेंच ओपन पुरुष युगल क्वार्टर फाइनल में लॉयड ग्लासपूल आ हेनरी हेलियोवारा के हरावल। बोपन्ना एह मुकाबला में शानदार प्रदर्शन करत अपना साथी खिलाड़ी मिडेलकूप के संगे मिलके जीत हासिल कइले।

बोपन्ना आ मिडेलकूप ब्रिटेन के ग्लासपूल आ फिनलैंड के हेलियोवारा पs 4-6, 6-4, 7-6 से जीत दर्ज कइल लो। एकरा पहिले बोपन्ना 2015 विम्बलडन में रोमानिया के फ्लोरिन मर्जिया के संगे सेमीफाइनल में पहुंचल रहस जहां ओह लो के जीन जूलियन रोजर आ होरिया टेकाउ हरवले रहस।

42 बरिस के बोपन्ना आ 38 बरिस के मिडेलकूप अब 12वीं वरीयता प्राप्त मार्शेलो अरेवालो आ जीन जूलियन रोजर से खेली लो। बोपन्ना आ मिडेलकूप पहिला सेट गंववला के बाद दमदार वापसी कs के दूनो सेट जीत लिहल लो। ऊ लोग विम्बलडन चैम्पियन जोड़ी मेट पेविच आ निकोला मेकटिच एकरा पहिले सनिचर के हरवले रहे लो।

गौर करे आला बात बा कि रोहन बोपन्ना आ मैटवे मिडेलकूप के जोड़ी के सामना सेमीफाइनल में जीन-जूलियन रोजर आ मार्सेलो अरेवलो से होई। ई मैच 2 जून के खेलल जाई। रोहन के बात करी तs ऊ अभी ले पुरुष डबल्स में कवनो ग्रैंड स्लैम नइखन जीत सकल। ऊ साल 2010 में यूएस ओपन में अब तक के बेस्ट परफॉर्मेंस देले रहस।

264410cookie-checkFrench Open 2022: रोहन बोपन्ना फ्रेंच ओपन में रचले इतिहास, मिडेलकूप के संगे मेन्स डबल्स के सेमीफाइनल में बनवले जगह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.