Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Khelo India Youth Games: पंचकूला में आज गृहमंत्री अमित शाह करिहें शुभारंभ, देशभर के करीब 8500 खिलाड़ी लिही लो हिस्सा

खेलो इंडिया गेम्स में पहिला बेर पांच पारंपरिक खेलन के शामिल कइल गइल बा। एह खेलन में गतका, कलारीपयट्टू, थांग-ता, मलखंभ आ योग शामिल बा। 

2,336

‘खेलो इंडिया यूथ गेम्स-2021’ के सनिचर सांझ साढ़े सात बजे आगाज होई। गृहमंत्री अमित शाह पंचकूला के सेक्टर-3 इस्थित ताऊ देवी लाल स्पोर्ट्स स्टेडियम में शुभारंभ करिहें। 4 से 13 जून तक चले वाला खेल के को लेके खिलाड़ीयन आ खेल प्रेमियन में खासा उत्साह बा। आयोजन स्थल पs खिलाड़ियन आ और दर्शकन खातिर रोज रंगारंग कार्यक्रमो आयोजित कइल जाई।

‘खेलो इंडिया यूथ गेम्स-2021’ के चउथा संस्करण में देशभर के करीब 8500 खिलाड़ी, कोच आ सहयोगी स्टाफ भाग लिही लो। इहां 1866 पदक खातिर खिलाड़ी मैदान में दम दिखाई लो। एमे 545 स्वर्ण, 545 रजत आ 776 कांस्य पदक शामिल बा। 25 खेल पांच स्थान पंचकूला, अंबाला, शाहाबाद, चंडीगढ़ आ दिल्ली में आयोजित कइल जाई। पंचकूला के सेक्टर-3 इस्थित ताऊ देवी लाल खेल परिसर मुख्य आयोजन स्थल होई। करीब 7000 दर्शकन के बइठला के बेवस्था कइल गइल बा।

खेलो इंडिया के आयोजन भारतीय खेल प्राधिकरण (साई) आ केंद्रीय युवा मामले आ खेल मंत्रालय संयुक्त रूप से कर रहल बा। खेलन के चउथा संस्करण के आयोजन खातिर 250 करोड़ रुपिया खर्च होई। एह राशि में से, 139 करोड़ रुपिया नाया खेल संरचना के निर्माण आ पुरान बुनियादी ढांचा के सुधार पs खर्च कइल गइल बा।

पहिला बेर पांच पारंपरिक खेलन के कइल गइल गइल शामिल

खेलो इंडिया गेम्स में पहिला बेर पांच पारंपरिक खेलन के शामिल कइल गइल बा। एह खेलन में गतका, कलारीपयट्टू, थांग-ता, मलखंभ आ योग शामिल बा। एमे गतका, कलारीपयट्टू आ थांग-ता पारंपरिक मार्शल आर्ट हs, जबकि मलखंभ आ योग फिटनेस के खेल हs।

267480cookie-checkKhelo India Youth Games: पंचकूला में आज गृहमंत्री अमित शाह करिहें शुभारंभ, देशभर के करीब 8500 खिलाड़ी लिही लो हिस्सा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.