छपरा जेल भेजल गइलें 4 पुलिसकर्मी: बालू लदल वाहनन से वसूली करत वीडियो आइल रहे सामने, SP कइलें निलंबित

Anurag Ranjan

छपरा: छपरा में रिश्वतखोर पुलिस पदाधिकारियन के खिलाफ एसपी लगातार कार्रवाई कs रहल बाड़ें। मुफस्सिल थाना के पुलिस गश्ती दल द्वारा बालू लदल ट्रैक्टर से अवैध वसूली कइल जात रहे। एकर वीडियो सोशल मीडिया पs सामने आइल बा।

वीडियो के आधार पs एसपी कार्रवाई करत महिला दारोगा समेत चार पुलिसकर्मियन पs कार्रवाई करत निलंबित कs देलें बाड़ें। निलंबित पुलिस कर्मियन s मुफस्सिल थाना में एफआईआर दर्ज करावल गइल बा। एह चारो पुलिसकर्मियन के छपरा जेल भेज दिहल गइल बा।

एसपी बतवलें कि वीडियो में मुफस्सिल थाना के महिला सहायक अवर निरीक्षक प्रतिमा कुमारी, सैप के चालक घरभरण राम, सिपाही खेमचंद कुमार, सिपाही हरेंद्र राय सामिल बा लो। बतवलें कि वीडियो जांच में सही पावल गइल बा। ओकरा आधार पs सब दोषी पुलिसकर्मियन के निलंबित कs के एफआईआर दर्ज कइल गइल बा।

दारोगा समेत सब दोषी पुलिस कर्मियन के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। एसपी आम जन से अपील करत कहलें कि कवनो पुलिस पदाधिकारी द्वारा अवैध वसूली, आदि के ऑडियो वीडियो साक्ष्य उपलब्ध होखला पs सीधा हमरा व्हाट्सएप नंबर पs भेजल जा सकत बा।

साक्ष्य उपलब्ध करावे वाला व्यक्तियन के पहचान गोपनीय रखल जाई। उपलब्ध साक्ष्य के आधार पs दोषी पुलिसकर्मियन पs कार्रवाई कइल जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।