मशरक के नवादा गांव में पूर्व शिक्षक स्वर्गीय रामनाथ बैठा के चउथा पुण्यतिथि समारोह पूर्वक मनावल गइल

Share

मशरक (सारण) । धर्मेन्द्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र अंतर्गत नवादा पंचायत के नवादा गांव के शिक्षक विनोद बैठा के आवास प पूर्व शिक्षक स्वर्गीय रामनाथ बैठा के चउथा पुण्यतिथि नवादा पंचायत के बीडीसी प्रत्याशी मोहन मांझी के अध्यक्षता में कार्यक्रम आयोजित क के पूर्व शिक्षक के तैल चित्र प पुष्प अर्पित क के श्रद्धांजलि दिहल गइल। श्रद्धांजलि सभा में उपस्थित गण्यमान लोग पूर्व शिक्षक रामनाथ बैठा के इयाद करत उनका द्वारा कइल कामन के इयाद कइल गइल। सभा में सब लोग आपन विचार राखल।

मवका प श्रद्धांजलि सभा में उपस्थित मुख्य रूप से शिक्षक विनोद बैठा, बीडीसी सदस्य मोहन मांझी, लखेंदर महतो, बिरेंदर प्रसाद यादव, विजय कुमार शिक्षक, कमलेश कुमार राम, बिरेंदर प्रसाद गोंड, कृष्णा राम शिक्षक, अशोक मांझी, मुन्ना राम शिक्षक,अरुण राम शिक्षक, सुशील राम शिक्षक, सूरज मांझी शिक्षक, मधुसूदन बैठा शिक्षक, अंकित मिश्रा शिक्षक, शशि पांडेय शिक्षक, नासिर हुसैन शिक्षक, राजेंद्र राम, पप्पू बैठा शिक्षक, मनोज बैठा शिक्षक, रामनाथ राम, लखन राम ,राम सुरेश बैठा, निर्जल बैठा, जितेंदर बैठा, सुग्रीव बैठा सहित दर्जनन गण्यमान लोग श्रद्धांजलि सभा में शामिल होके  पूर्व शिक्षक स्वर्गीय रामनाथ बैठा के इयाद करत उनका तैल चित्र प पुष्प अर्पित क के श्रद्धांजलि दिहल लो। संगही भारत के संविधान निर्माता डॉक्टर भीम राव अंबेडकर आ बुध देव के इयाद क के उनका तैल चित्र के सामने दीप प्रज्ज्वलित क के ओह लो के तैल चित्र प माल्यार्पण कइल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-