देवरिया में पूर्व प्रधान अउरी बसपा नेता कइलें आत्महत्या, पत्नी से विवाद के बाद अपना के मार लिहलें गोली

कुमार आशू
देवरिया जिला के गौरी बाजार थाना क्षेत्र के जगदीशपुर गांव में बियफ़े के रात में पूर्व प्रधान अउरी बसपा नेता लाइसेंसी रिवाल्वर से गोली मार के आत्महत्या कs लेहलें। गोली के आवाज सुनतही परिजन मौका पs पहुंचलें त उ मृत अवस्था में पड़ल रहलें। सूचना मिलतही पुलिस भी मौका पर पहुंचल। पुलिस रिवाल्वर के कब्जा में ले लिहलस अउर मामला के जांच पड़ताल में जुट गइल रहे।
बैतालपुर विकास खंड के जगदीशपुर गांव के रहे वाले पूर्व प्रधान अउरी वरिष्ठ बसपा नेता ओमप्रकाश पासवान करीब चार-पांच दिन बाद गुरुवार के रात घरे आइल रहनें।  घर पर नहइला के बाद कौनो बात के ले के पत्नी से विवाद हो गइल। दूनों के बीच नोकझोंक भइल अउर आधी रात के 12 बजे अपने लाइसेंसी रिवाल्वर से अपना के गोली मार के आत्महत्या कs लिहलें।
घटना के जानकारी होतही परिवार वाले रोए लगनें अउर आसपास के लोग मौका पर पहुंचल गइल। एही बीच जानकारी गौरी बाजार के एसओ विपिन मलिक के देहल गइल। उ मौका से लाइसेंसी रिवाल्वर के कब्जा में ले लिहलें। एसओ बतवलें कि मामला के जांच पड़ताल कइल जा रहल बा। उ अइसन कदम काहें उठवलें एकर जांच कइल जा रहल बा।
Share This Article