Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्व मंत्री रामवीर उपाध्याय के निधन, मायावती के रहलें खासमखास, दू दशक ले बसपा में बोलल तूती

582

पूर्व ऊर्जा मंत्री रामवीर उपाध्याय के शुक्क के देर रात आगरा के रेनबो हॉस्पिटल में निधन हो गइल। उनकर उम्र करीब 65 बरिस रहल। वह नगदे समय से कैंसर अउरी अन्य बीमारी से जूझत रहलें। रामवीर के निधन के खबर मिलतही पूरे क्षेत्र में शोक के लहर दौड़ गईल। आजुकल उनकर आगरा में शास्त्रीपुरम स्थित अपने निवास पर दवाई चलत रहे। रात 10 बजे के लगभग एकाएक जब उनकर तबीयत ज्यादा बिगड़ल त आगरा के रेनबो हॉस्पिटल में ले जाइल गइल, उहवाँ उनकर निधन हो गइल।

उत्तर प्रदेश में बहुजन समाज पार्टी के कद्दावर नेता रहल रामवीर उपाध्याय 25 साल ले ब्रज में बसपा के ब्राह्मण राजनीति के बड़ चेहरा रहलें। ओनके पूर्व मुख्यमंत्री मायावती के खास मानल जात रहे। जेकरे दम पर उ पहिले हाथरस अउरी फेर आगरा में आपन जमीन बनवली अउरी फेर गहिराह जड़ जमवले रहली।

लगातार चार बेर रहलें विधायक

1996 से 2017 ले लगातार चार बेर जेमें 2 बेर हाथरस, फिर सिकंदरा राऊ अउरी सादाबाद से विधायक चुनाव जीत के लखनऊ पहुँचलें। उ हाथरस में अपने भाइयन अउरी सम्बंधियन के भी राजनीति में उतरलें। ओह पर भाई भतीजावाद के आरोप भी लागत रहे। 2009 से 2014 ले पत्नी सीमा उपाध्याय के बसपा से फतेहपुर सीकरी लोकसभा क्षेत्र से चुनाव लड़ववलें अउर सपा के राज बब्बर के हरा के पत्नी के सांसद बनवलें। रामवीर के पंचायत चुनाव में महारथ हासिल रहल। 2007 के चुनाव में जब बसपा के सोशल इंजीनियरिंग सफल भइल त सरकार में उनकर कद बढ़ गइल।

मायावती कैबिनेट मंत्री के रूप में ऊर्जा, चिकित्सा शिक्षा, परिवहन अउरी ग्रामीण समग्र विकास जइसन विभाग के मंत्री बनवली। 2019 लोकसभा चुनाव के समय रामवीर के बसपा से मोहभंग हो गइल। भाजपा अध्यक्ष के रूप में 2019 में अमित शाह जब आगरा अइलें त रामवीर आगरा कॉलेज मैदान पर उनके साथ मंच साझा कइले रहलें। लेकिन विधिवत भाजपा के सदस्यता नाइ लेहलें।

320930cookie-checkपूर्व मंत्री रामवीर उपाध्याय के निधन, मायावती के रहलें खासमखास, दू दशक ले बसपा में बोलल तूती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.