[the_ad_group id="30365"]

I.N.D.I.A गठबंधन के को-ऑर्डिनेशन कमिटी के गठन, शरद पवार सहित एह 13 नेता भइले शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

मुंबई में चलत भारत गठबंधन के बइठक में आजु समन्वय समिति के सदस्यन के नाम के एलान हो गइल बा। एह समिति में 13 सदस्यन के शामिल कइल गइल बा जवना में केसी वेणुगोपाल, शरद पवार, स्टालिन, संजय राउत, तेजस्वी यादव, अभिषेक बनर्जी, राघव चड्डा, जावेद खान, लल्लन सिंह, हेमेंत सोरेन, डी राजा, उमर अब्दुल्ला, महबूबा मुफ्ती नाम शामिल बा। हालांकि, कन्वेनर के बारे में अभी फैसला आवे के बा। आजु मुंबई में विपक्षी गठबंधन के बइठक के आखिरी दिन ह।

सीट शेयरिंग के लेके चर्चा

बतावल जाता कि संयुक्त रैली के समोच्च तय करे के संगे आज के ए बैठक में संयोजक अवुरी अध्यक्ष के संबंध में फैसला लेवे के होई। एकरा अलावे सीट शेयरिंग के फार्मूला के होखे के चाही, एकरा पs भी चर्चा होई। साथ ही आजु प्रवक्ता लोगन पs भी चर्चा होई। इंडिया एलायंस के प्रवक्ता के नियुक्ति कईल जाई, ताकि इंडिया गठबंधन के अलग-अलग मुद्दा पs स्टैंड में एकरूपता होखे। सोशल मीडिया, डाटा एनालिसिस अवुरी संयुक्त रैली के लेके एगो समिति भी बनावल जाई।

विपक्षी गठबंधन में शामिल 28 दल

एह बइठक में कांग्रेस समेत देश के कुल 28 गो दल शामिल बाड़े। आगामी लोकसभा चुनाव 2024 खातिर विपक्षी दल मोदी के नेतृत्व वाला एनडीए गठबंधन के हरावे के तइयारी में लागल बाड़े। पहिला दिन के मुलाकात के बाद होटल ग्रैंड हयात में मंथन सत्र के आयोजन भईल। एह सत्र में सीट आवंटन आ भाजपा से मुकाबला करे खातिर अइसने कार्यक्रम के योजना बनावे के बारे में चरचा भइल। इंडिया गठबंधन जल्दी से जल्दी सीट आवंटन के फार्मूला तय कईल चाहता, काहेंकी विपक्षी नेता के लागता कि अबकी बेर सरकार समय से पहिले लोकसभा चुनाव करा सकता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]