विदेश मंत्री एस जयशंकर राज्यसभा में देश निकाला के मुद्दा पs जवाब देत कहले कि अवैध तरीका से रहेवाला भारतीय के वापस भेज दिहल गईल। देश निकाला पहिला बेर नइखे भइल. विदेश मंत्री अपना बयान में पुरान आंकड़ा के भी हवाला देले। उs कहले कि साल 2012 से लोग के सैन्य विमान से देश निकाला के तहत वापस भेजल जाता। उs कहले कि भारतीय के संगे कवनो प्रकार से दुर्व्यवहार ना भईल। भेजल लोग के टॉयलेट के ब्रेक दिहल गईल।
अमेरिकी सरकार से बातचीत करत बाड़े: विदेश मंत्री
राज्यसभा में बोलत विदेश मंत्री डॉ. एस जयशंकर कहले कि हमनी के अमेरिकी सरकार से बातचीत करत बानी जा कि वापस आवे वाला निर्वासित लोग के कवनो तरह के दुर्व्यवहार ना होखे। जयशंकर कहले कि अगर गैरकानूनी तरीका से विदेश में रहत मिलल तs अपना नागरिक के वापस ले लिहल सभ देश के जिम्मेदारी बा।
Speaking in Rajya Sabha.
— Dr. S. Jaishankar (@DrSJaishankar) February 6, 2025
https://t.co/t7EnlHYvtn
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन