छपरा के मशरक में मेंटेनेंस काम खातिर बिजली होई बाधित: 26 आ 27 जून के सबेरे साढ़े 7 से दुपहरिया ढाई बजे तक होई काम

Share

मशरक: मेंटेनेंस काम खातिर मशरख प्रखंड के 33 केवी मशरक ग्रिड में 26 आ 27 जून के विद्युत आपूर्ति बाधित रहे। सबेरे 7:30 से दुपहरिया बाद 2:30 बजे तक पावर कट रही। जानकारी कनीय विद्युत अभियंता सप्लाई (अवर प्रमंडल) मशरक अमित कुमार पत्र जारी कs के देलें। अभियंता कहलें कि टावर आ कंडक्टर मेंटनेंस वर्क के लेके निर्धारित अवधि तक विद्युत शट डाउन होखला के कारण समूचा मशरक फीडर में पावर कट रही। दु दिन लगातार एह अवधि में टावर लोकेशन नंबर 150 आ 151 के बीच काम होखे के बा। सुरक्षा के लेके मशरक ग्रिड में निर्धारित अवधि तक विद्युत आपूर्ति बाधित रही। कनीय अभियंता उपभोक्तन से विद्युत आधारित जरुरी काम सोमार आ मंगर के सबेरे 7 बजे के पहिले कs लेवे के अपील कइलें बाड़ें।

ट्रांसफार्मर पs लोड बढ़ल

जानकारी दिहल गइल बा कि ट्रांसफॉर्मर पs लोड बढ़ल बा। जवना के चलते कबो-कबो विद्युत प्रवाह में परेसानी हो रहल बा।समस्या के समाधान खातिर पावर स्टेशन में मरम्मत काम कइल जाये के बा। निश्चित अवधि के बाद विद्युत बहाल कs दिहले जाई। एह दौरान फीडर के अंतर्गत आवे वाला सब गांव के उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सूचना जारी कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-