यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2024 : भोजपुरी के विकास खातिर अलग-अलग स्तर पs प्रयास के बा जरूरत- आईपीएस सत्यार्थ अनिरुद्ध

Share

गोरखपुर। भोजपुरी भाषा के सम्मान, स्वाभिमान और संरक्षण को समर्पित ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव’ के आयोजन अतवार के गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में कइल गइल। एकर दूसरका सत्र ‘भोजपुरिया एलिट के माई भाषा से नेह छोह पs’ केंद्रित रहल। एह दौरान 2010 बैच के आईपीएस अधिकारी आ कवि सत्यार्थ अनिरुद्ध पंकज आउर संजय शेफर्ड के बीच चरचा भइल।

एह दौरान सत्यार्थ अनिरुद्ध कहलें कि भोजपुरी के विकास खातिर अलग-अलग स्तर पs प्रयास करे के जरूरत बा। छोट-छोट संगठन बनाके आ आउर जिम्मेदारियन के देके हमनी के बहुत कुछ बेहतर कs सकत बानी सs। ऊ ई विमर्श रखलें कि भोजपुरी के विकास खातिर का हिंदी से लड़े के जरूरत बा भा दूनो एक दूसरा के संगे रहके बड़ आ छोट बहिन के तरे विकसित आ पल्लवित हो सकत बा।

भोजपुरी से दूरी के लेके सवाल पs सत्यार्थ अनिरुद्ध कहलें कि लोग ई सोच के दूरी बनावत बा कि आर्थिक नुकसान होई। एकरा खातिर जरूरी बा कि एकरा के अर्थ लाभ से जोड़ल जाव। भोजपुरी के जदि करिअर से जोड़ल जाव तs तब भोजपुरी बोले में कवनो हिचिकिचाहट ना होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-