[the_ad_group id="30365"]

यायावरी भोजपुरी महोत्सव: 2024 के भइल रंगारंग सुरुआत; भोजपुरी अभिनेता कुणाल सिंह शिखर सम्मान से भइलें सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। यायावरी वाया भोजपुरी महोत्सव-2024 के रंगारंग सुरुआत अतवार के गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में भइल। कार्यक्रम के सुरुआत संस्था के अध्यक्ष बृजेश्वर मणि त्रिपाठी, मुख्य अतिथि बैजनाथ मिश्र, फिल्म निर्देशक विमल चंद्र पाण्डेय दिया जरा के कइल लो।

यायावरी वाया भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप के परियोजना अधिकारी डॉ. क्षमा त्रिपाठी साल भर में भइल कामन के लेखा-जोखा प्रस्तुत कइली। बरिस 2024 के यायावरी शिखर सम्मान से भोजपुरी के सुपरस्टार अभिनेता आ भोजपुरी के अभिताभ बच्चन कहे जाए वाला कुणाल सिंह के महोत्सव के मुख्य अतिथि बैजनाथ मिश्र सम्मानित कइनी। एह दौरान कुणाल सिंह अपना अभिनय के माध्यम से दहेज पs जोरदार प्रस्तुति से सभकर दिल जीत लेनी।

मुख्य अतिथि बैजनाथ मिश्र अपना उद्बोधन में कहनी कि कवनो भाषा तबे आगे बढ़ी जब दोसरा भाषा के शब्दन के पचा सके। ऊ 2025 के जनगणना में मातृभाषा के कॉलम में हिंदी के जगह भोजपुरी लिखे के निहोरा कइनी। एकरा माध्यम से भोजपुरी भाषियन के संख्या दर्शा के मजबूती देखावल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]