तपत घाम आ तेज गरम हवा यानी गर्मी के बीच घर से बाहर निकलल कवनो चुनौती से कम नइखे। एकरा अलावे गर्मी में जादा पसीना आवे के चलते शरीर में पानी के कमी भी होखेला, जवना के चलते आदमी के थकान अवुरी कमजोरी महसूस होखे लागेला। इहे कारण बा कि गर्मी में तरल पदार्थ के सेवन करे के सलाह दिहल जाला। एकरा संगे-संगे अयीसन मौसमी फल के नियमित रूप से आपके आहार में शामिल करे के चाही, जवना में पानी के मात्रा जादा होखेला। अयीसना में जदी आप अपना खानपान में ए सभ चीज़ के शामिल करी, त फेर गर्मी में फंसला से बाच जाई।
आम पन्ना – गर्मी के आम के मौसम भी कहल जाला। बाजार में कच्चा आ पाकल आम से लदाइल गाड़ी देखे के मिलेला। अगर हीटस्ट्रोक से बचे के बा त धूप में निकले से पहिले चाहे घाम से अइला के बाद आम पन्ना पी लीही। इ शरीर के ठंडा राखेला। कच्चा आम के कुकर में उबाल के ठंडा होखला प ओकरा के छील लीं। गूदा के पानी, जीरा, चीनी अवुरी एक चुटकी करिया नमक के संगे पीस लीं। दिन में कई बेर आम के पन्ना पियला से हीटस्ट्रोक के स्थिति में राहत मिलेला।
प्याज – हीटस्ट्रोक से बचावे खाती प्याज के सेवन बहुत फायदेमंद मानल जाला। कच्चा प्याज खइला से शरीर के ताप निकल जाला। एकरा अलावे आप अपना दादी-दादी से बहुत बेर सुनले होखब कि घर से निकले से पहिले प्याज के टुकड़ा अपना संगे राखे के चाही। ई दादी के जमाना के सुपरहिट रेसिपी बा। एकरा अलावे आप सलाद में कच्चा प्याज भी खा सकतानी।
इमली – अगर हीट स्ट्रोक के चलते बोखार होखे त इमली के सेवन से ओकरा में राहत मिलेला। हीटस्ट्रोक के स्थिति में इमली के पानी में चीनी मिला के दिन में कई बेर पियला से जल्दी राहत मिलेला।
बेर – गर्मी में बेर के सेवन से ना सिर्फ आपके ठंडा रहेला, बालुक एकरा से शरीर में जलन के भाव भी शांत होखेला। बेर के ठंडा पानी में लंबा समय तक रखला के बाद सेवन कईल फायदेमंद होखेला।
छाछ – गर्मी में छाछ के सेवन ना सिर्फ शरीर के ठंडा राखे में मदद करेला बालुक एकरा से जादे प्यास बुझावे खाती इ एगो बढ़िया पेय भी होखेला। गर्मी में पानी के कमी से बचे खातिर छाछ के पीये के पड़ी। अपच के समस्या भी एह मौसम में आम बा, एकरा खातिर छाछ भी बहुत फायदेमंद बा।