दू साल बाद कोरोना के सगरी पाबंदी खतम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 23, 2022

देश में कोरोना मामलों में लगातार गिरावट के देखत केंद्रीय गृह मंत्रालय महामारी के रोकथाम खातिर लगावल गइल तमाम पाबंदी खतम करे के एलान कइले बा। 31 मार्च से कोरोना प्रतिबंध खतम हो जाई। दू

Share

देश में कोरोना मामलों में लगातार गिरावट के देखत केंद्रीय गृह मंत्रालय महामारी के रोकथाम खातिर लगावल गइल तमाम पाबंदी खतम करे के एलान कइले बा। 31 मार्च से कोरोना प्रतिबंध खतम हो जाई। दू साल बाद एह पाबंदियन से देश के जनता के निजात मिलल बा। अब बस दू गज दूरी बनवले रहे के होई अउर मास्क लगावे के होई।

केंद्र सरकार 24 मार्च 2020 के आपदा प्रबंधन कानून 2005 (DM Act 2005) के तहत पहिली बार कोरोना के गाइडलाइंस जारी कइले रहलि। एकरे बाद कई मौका पs एह गाइडलाइंस में बदलाव कइल गइल। सब राज्यन के मुख्य सचिवन के भेजल पत्र में केंद्रीय गृह सचिव अजय भल्ला कहने कि बीतल 24 माह में महामारी प्रबंधन खातिर अलग-अलग तरे के क्षमता के विकास कइल गइल बा। एमें जांचें, निगरानी, कांटेक्ट ट्रेसिंग, इलाज, टीकाकरण, अस्पतालों के विकास शामिल बा। एकरिये संगे आम लोग में भी कोविड के प्रति जागरूकता बढ़ल बा। ऊ कोविड के रोकथाम के अनुकूल व्यवहार करे लागल बाने लोग।

 

साभार – अमर उजाला

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.