नेपाल अउर भारत में भारी बरखा होखला से गोरखपुर से गुजरे वाली छह नदी उफना गइल बा। घाघरा नदी के जलस्तर खतरा के निशान पार कर गइल बा। एह कारण खजनी अउर गोला तहसील क्षेत्र के कई इलाका में बाढ़ के खतरा बढ़ गइल बा। रोहिन नदी भी खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बा। एसे नदी के किनारे रहे वाले लोग में डर बा। कटान के भी आशंका बढ़ गइल बा।
पिछले पांच दिन से हो रहल बारिश के वजह से जिला में बाढ़ के खतरा मंडराए लागल बा। शहर से हो के गुजरे वाली राप्ती नदी के जलस्तर में पिछले 24 घंटा के दौरान 63 सेंटीमीटर के बढ़ोतरी भइल बा। हालांकि, राप्ती अब भी खतरे के निशान से 1.1 मीटर नीचे बह रहल बिया। लेकिन एकर जलस्तर लगातार बढ़ रहल बा। इहे स्थिति रहल त शहरी क्षेत्र में राप्ती नदी खतरा के निशान पार कs जाई ।

उहवें, गोर्रा अउरी कुआनो नदियन के जलस्तर भी बढ़ल बा। गीडा क्षेत्र से होके बहे वाली आमी नदी के जलस्तर भी तेजी से बढ़ रहल बा। हालांकि, एह नदी के जलस्तर के रिपोर्ट बाढ़ खंड के तरफ से नाइ तैयार कइल जाला। लेकिन जब भी आमी नदी के जलस्तर बढ़sला ,आसपास के क्षेत्र में फसल के काफी नुकसान होला।

नदियन के जलस्तर (मीटर में) (अतवार साँझ 4 बजे ले)
नदी | स्थान | जलस्तर | खतरा के निशान |
घाघरा | अयोध्या | 92.970 | 92.730 |
घाघरा | बरहज | 66.900 | 66.500 |
राप्ती | गोरखपुर | 73.880 | 74.980 |
रोहिन | त्रिमुहानी | 82.450 | 82.440 |
गोर्रा | पिंडराघाट | 69.250 | 70.500 |
कुआनो | मुखलिसपुर | 76.220 | 78.650 |
अधिशासी अभियंता बाढ़ खंड-2 रुपेश खरे ने कहा कि
Post Views: 4