UP News : डीजी रैंक के पांच अफसरन के तबादला, प्रशांत कुमार के क्राइम आ ईओडब्ल्यू के मिलल जिम्मेदारी

Share

आरके विश्वकर्मा के कार्यवाहक डीजीपी बनवला के संगे राज्य सरकार सुक के डीजी रैंक के पांच अफसरन के एने से ओने कs देलस। एडीजी प्रशांत कुमार के स्पेशल डीजी के पद पs प्रोन्नत होखला के बाद कानून व्यवस्था आ अपराध के स्पेशल डीजी बनावल गइल बा। संगही, ईओडब्ल्यू के अतिरिक्त कार्यभार सउपल गइल बा।

डीजी सीबीसीआईडी विजय कुमार के निदेशक सतर्कता के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा। डीजी जेल आनंद कुमार के हटाके कोआपरेटिव सेल भेजल गइल बा। डीजी पावर कार्पोरेशन एसएन साबत के डीजी जेल बनावल गइल बा। एडीजी क्राइम रहल एमके बशाल के स्पेशल डीजी पावर कार्पोरेशन बनावल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-